रानी चटर्जी

भारतीय ऐक्ट्रेस

रानी चटर्जी एक ठो भारतीय ऐक्ट्रेस बाड़ी जे मुख्य रूप से भोजपुरी सिनेमा में काम करे खातिर जानल जाली। उनके भोजपुरी फिलिम ससुरा बड़ा पइसा वाला से परसिद्धि मिलल, जेह में ऊ मनोज तिवारी के साथ काम कइली। एकरे अलावा उनके कुछ परसिद्ध फिलिम सभ में सीता, देवरा बड़ा सतावेलारानी नं॰ 786 बाड़ी सऽ।[2]

रानी चटर्जी
Rani Chatterjee snapped at Bharat Icon Awards 2020.jpg
रानी चटर्जी
जनम (1989-11-03) नवंबर 3, 1989 (उमिर 32)[1]
मुंबई, भारत
पेशा ऐक्ट्रेस, टीवी प्रस्तुतकर्ता, डांसर
सक्रियता साल 2003–वर्तमान

कैरियरसंपादन

रानी चर्टजी के जनम मुंबई में भइल आ एहीजे पलल-बढ़ल हई।[3] चटर्जी आपन भोजपुरी फिलिम कैरियर के सुरुआत ससुरा बड़ा पइसा वाला से कइली। फिलिम हिट रहल आ एकरा के कई गो अवार्ड भी मिललें।

अपना फिलिमी कैरियर के सुरुआत के तेरह साल बाद भी, चटर्जी भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में अभिन ले नमर एक पर बाड़ी आ खुद अपना दम प फिलिम हिट करावे के क्षमता राखत बाड़ी जे अभी अउरी कौनों भोजपुरी हिरोइन में नइखे। चटर्जी के कहनाम बा कि नमर एक के पोजीशन खाती उनका के खुद से खतरा बुझाला कि जहिया मेहनत कइल बंद क देब तहिया हमरा खतरा हो जाई।[4]

हाल में रानी चटर्जी एक्टिंग के साथे-साथ गायकी के ओर भी बढ़ चलल बाड़ी आ एगो फिलिम खातिर अपना आवाज में दू गो गाना रिकार्ड करवले बाड़ी।[5]

चुनल गइल फिल्मोग्राफीसंपादन

साल फिलिम भाषा
2004 ससुरा बड़ा पइसा वाला भोजपुरी
2005 बंधन टूटे ना भोजपुरी
2006 दमाद जी भोजपुरी
2007 सीता भोजपुरी
2009 तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो भोजपुरी
2010 देवरा बड़ा सतावेला भोजपुरी
2011 दिलजले भोजपुरी
2011 छैला बाबू भोजपुरी
2011 फूल बनल अंगार भोजपुरी
2012 गंगा यमुना सरस्वती भोजपुरी
2013 नागिन भोजपुरी
2013 रानी नं॰ 786 भोजपुरी
2014 इंस्पेक्टर चाँदनी भोजपुरी
2014 रानी चली ससुराल भोजपुरी
2014 राउडी रानी भोजपुरी
2014 शेरनी भोजपुरी
2014 प्रेम दीवानी भोजपुरी
2014 चाँदनी भोजपुरी
2014 एक लैला तीन छैला भोजपुरी
2015 दिल दीवाना माने ना भोजपुरी
2015 दिल और दीवार भोजपुरी
2015 माई के करज भोजपुरी
2015 दुलारा भोजपुरी
2015 जानम भोजपुरी
2016 शिव रक्षक भोजपुरी

अवार्ड आ पुरस्कारसंपादन

बिहार के पटना में आयोजित छठवाँ भोजपुरी फिलिम अवार्ड (2013) में रानी चटर्जी के साल के बेस्ट ऐक्ट्रेस के अवार्ड मिलल, ई फिलिम नागिन में उनके रोल खातिर दिहल गइल।[6] साल 2015 में मारीशस में आयोजित एगो फिलिम समारोह में रानी चटर्जी के "सभसे पापुलर ऐक्ट्रेस" के अवार्ड दिहल गइल।[7]

इहो देखल जायसंपादन

संदर्भसंपादन

  1. "अंग्रेजी गाने पर भोजपुरी एक्ट्रेस रानी चटर्जी का डांस वीडियो वायरल". जनसत्ता. 2018-09-24. Retrieved 2019-03-29.
  2. "Filmography of Rani". बॉलीवुड हंगामा. Retrieved 21 फरवरी 2014. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  3. "Biography". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 6 अक्टूबर 2013. Retrieved 21 फरवरी 2014. {{cite news}}: Italic or bold markup not allowed in: |newspaper= (help)
  4. "भोजपुरिया क्‍वीन रानी चटर्जी को इनसे है खतरा...!". Prabhatkhabar.com. 2017-07-05. Retrieved 2017-10-24.
  5. "अपनी अदाओं से तहलका मचाने वाली रानी चटर्जी का नया अवतार, कुछ ऐसे बनाएंगी दीवाना". NDTVIndia. 26 अप्रैल 2018. Retrieved 23 मई 2018.
  6. "Rani Chatterjee is actress of the year". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 29 दिसंबर 2013. Retrieved 21 फरवरी 2014. {{cite news}}: Italic or bold markup not allowed in: |newspaper= (help)
  7. स्टाफ रिपोर्टर. "rani chatterjee: Rani Chatterjee wins Most Popular Actress award - Times of India". Timesofindia.indiatimes.com. Retrieved 2017-10-24.