भूबिज्ञान में रिफ्ट (rift) पृथिवी के सतह पर एगो लमहर निचाई वाला हिस्सा होला जहाँ जमीन के खिंचाव होखे ला आ एह तनाव भा खिंचाव से जमीन के एगो लमहर हिस्सा धँस जाला। अइसन धँसक गइल हिस्सा के ग्राबेन कहल जाला चाहे हाफ-ग्राबेन कहल जाला आ ई कई गो, एक सिधाई में मिल के रिफ्ट घाटी बनावे लें। ई एक्टेंशनल प्लेट टैक्टॉनिक्स से जुड़ल घटना होखे ले। आमतौर पर रिफ्ट सभ में समुंद्र के पानी भर जाए से सागर, आ जमीनी हिस्सा में अइसन पानी एकट्ठा हो जाए के कारन रिफ्ट झील बने लीं।

सभसे प्रमुख रिफ्ट सभ के निर्माण समुंद्र सभ के भीतर मिड-ओशनिक-रिज सभ के सहारे भइल बा जहाँ प्लेट एक दुसरे से दूर हटे लीं आ नाया पदार्थ बहरें निकल के लिथास्फीयर के निर्माण करे ला।