रॉबर्ट ब्राउनिंग (Robert Browning; 7 मई 1812 – 12 दिसंबर 1889) एगो अंगरेज कवी रहलें। इनके कबिता के साथ साथ नाटक लिखे खाती भी जानल जाला आ खासतौर से ई ड्रामाटिक मोनोलाग लिखे खाती जानल जालें। ई विक्टोरियाई जुग के कबी रहलें आ एह जमाना के अगुआ लोग में गिनल जालें। इनके कबिता सभ में आइरनी, चरित्र निरूपण, डार्क ह्यूमर , सामजिक कमेंटरी, इतिहासी सेटिंग, आ चुनौती भरल शब्दभंडार खाती आ वाक्यरचना खाती बिसेस रूप से जानल जाला।

रॉबर्ट ब्राउनिंग
रॉबर्ट ब्राउनिंग, ल॰ 1888
रॉबर्ट ब्राउनिंग, ल॰ 1888
जनम(1812-05-07)7 मई 1812
कैंबरवेल, लंदन, इंग्लैंड
निधन12 दिसंबर 1889(1889-12-12) (उमिर 77)
वेनिस, इटली
पेशाकवी
महतारी संस्थायूनिवर्सिटी कॉलेज, लंदन
साहित्यिक आंदोलनविक्टोरियाई जुग
प्रमुख रचनामेन एंड वीमन, दि रिंग एंड दि बुक, ड्रामैटिस पर्सनाइ, ड्रामैटिक लिरिक्स, असोलंदो
जीवनसाथी
एलिजाबेथ ब्राउनिंग
(बि. 1846; निधन 1861)
दसखत

ब्राउनिंग के सुरुआती कैरियर बढ़ियाँ से सुरू भइल बाकी सफल ना रहल। इनके लमहर कबिता पाउलिन से कुछ लोग के धियान इनका ओर गइल आ एकरे बाद पैरासेल्सस छपल जेकर तारीफी विलियम वर्ड्स्वर्थचार्ल्स डिकेंस द्वारा भी कइल गइल बाकी एकरे बाद छपल सोरदेलो, जे जानबूझ के अगम्य रूप में लिखल गइल रहे, इनके कबिता के खराब कइ दिहलस। एकरे बाद दुबारा इनके सफल होखे में एक दशक से समय लागल। एह दौर में ई शेली के तरीका के छोड़ के आपन निजी स्टाइल बनावे में सफल भइलें।

बाहरी कड़ी

संपादन करीं