लुफ़्थान्सा
डॉश लुफ़्थान्सा जर्मनी क सबसे बड़का वायुसेवा है, आ एकरी कुल सहायक कम्पनी की साथ एके मिलावल जा त इ बेड़ा की आकार एवं सम्पूर्ण यात्री आवाजाही दुनुं मामला में यूरोप क सबसे बड़का वायुसेवा बन जाले। इ विमान कम्पनी 18 आंतरिक और 197 अन्तर्राष्ट्रीय गंतव्य स्थान जेमें अफ्रीका, अमरीका, एशिया और यूरोप शामिल बा, ए तरफ उड़ान संचालित करेले।[1] एकरी बेड़ा में 270 जहाज शामिल बा। कंपनी क नांव मूलतः हवा खातिर जर्मन शब्द “लुफ्त” एवं हैन्सियेटिक लीग की खातिर शब्द “हांन्सा” की संयोजन से बनल बा।
आपन खुद क यात्री विमानसेवा की अलावा लुफ़्थान्सा क कईगो विमान क्षेत्र से जुड़ल सहायक कम्पनी बाड़ी स जइसे की लुफ़्थान्सा टेक्निक।
सब सहायक कम्पनी क विमान मिला लिहल जा त लुफ़्थान्सा दल में 615 गो विमान बान स, जेकरी चलते इ यात्री विमान सेवा क विश्व क सबसे बड़का जहाजी बेड़न में से एगो ह, 2014 में इ दल 106 मिलियन यात्री लोगन के उनकी गन्तव्य स्थान प पहुँचवलस।[2]
लुफ़्थान्सा क रजिस्टर्ड ऑफिस एवं मुख्यालय कोलोन में बा । एकर प्रमुख संचालन केंद्र क नांव लुफ़्थान्सा एविएशन सेंटर ह जवन की फ्रेंकफर्ट हवाईअड्डा पर आइल एकर प्राथमिक हब ह।[3][4] लुफ़्थान्सा क ज्यादातर पायलट, ग्राउंड स्टाफ, आ उड़ान परिचारक ओहिजा क हंव स। एकर दूसर मुख्य केंद्र म्युनिख हवाईअड्डा प बा।[5]
लुफ़्थान्सा 1994 ले सरकारी विमान सेवा रहे। एकरी 2014 की वार्षिक रिपोर्ट की अनुसार एकर लगभग 60% शेयर संस्थागत निवेशकन की लगे और 40% निजी व्यक्तिन की लगे रहे।
इतिहास
संपादन करींलुफ़्थान्सा क शुरुआत 1926 में डॉश लुफ़्त हान्सा नाँव से बर्लिन में भइल रहे। इ संक्षिप्त में DLH की नाँव से जानल गइल और 1945 ले इ जर्मनी क ध्वजवाहक रहे जबले की नाजी जर्मनी की हार की चलते सब सेवा निलम्बित नाहीं करा गइल। एकरी बाद कई बदलाव और कईगो नया विमान खरीद की बाद, 1 अप्रैल 1955 के लुफ़्थान्सा एके सूचीबद्ध आंतरिक विमान सेवा शुरू कइले क अनुमति मिलल जेमें इ पहिले हेमबर्ग, डसलडोर्फ़, फ्रेंकफर्ट और मैड्रिड के जोड़लस। 15 मई 1955, से लन्दन, पेरिस और मेड्रिड के जोड़ले की साथ एकर अंतर्राष्ट्रीय विमान सेवा शुरू भइल।[6]
मुख्य ऑफिस
संपादन करींलुफ़्थान्सा क रजिस्टर्ड ऑफिस एवं मुख्यालय कोलोन में बा। 1986 में एपर आतंकी हमला भइल रहे, जवने में कौनो जानहानी नाहीं भइल। 2006 में ए कंपनी की नया मुख्य मथक क नींव ड्यूज, कोलोन में पड़ल।
सहायक कंपनियाँ
संपादन करींमुख्य यात्री विमान सेवा की आलावा लुफ़्थान्सा क ढेरो सहायक कंपनी बाड़ी स।
सुविधा
संपादन करींलुफ़्थान्सा मे निम्नलिखित तरह क केबिन बा।
1. फर्स्ट क्लास
एमें उपलब्ध सीट 2 मीटर की बेड में बदल सकेला, एकरी आलावा एमें लैपटॉप चार्ज पॉइंट, मनोरंजन क सुविधा उपलब्ध बा। खाना मांग की अनुसार मिलेला। ज्यादातर हवाई अड्डा पर फर्स्ट क्लास की यात्री लोगन खातिर अलग से चेक इन काउंटर आ लोंज लुफ़्थान्सा की तरफ से उपलब्ध करावल गइल बा। [7]
2. बिज़नेस क्लास
एमें उपलब्ध सीट 2 मीटर की बेड में बदल सकेला एकरी आलावा एमें लैपटॉप चार्ज पॉइंट और साथ में मनोरंजन क सुविधा उपलब्ध बा। बिजनस क्लास की यात्री लोगन खातिर अलग से चेक इन काउंटर उपलब्ध बा।[8]
3. प्रीमियम इकॉनमी क्लास
इ श्रेणी 2014 में शुरू भइल, एमें केबिन एयर कनाडा की प्रीमियम इकॉनमी या फिर ब्रिटिश एयरवेज की वर्ल्ड ट्रेवेलर प्लस की तरह बा, एमें इकॉनमी क्लास की तुलना में 3 इंच क ज्यादा जगह रही जवन की विमान की प्रकार पर आधारित बा। सीट की साथ मनोंरजन क साधन उपलब्ध बा।
4. इकॉनमी
एमें यात्री लोगन के मुफ्त खान पीना उपलब्ध बा। आ मांग की अनुसार ऑडियो विडिओ क सुविधा मिली।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "लुफ्थांसा समूह-मार्ग का नक्शा". लुफ्थान्सा.कॉम. 2007-02-16. Retrieved 11 October 2013.
- ↑ "लुफ्थांसा वार्षिक रिपोर्ट 2012" (PDF). Retrieved 27 July 2015.
- ↑ "वहाँ कैसे पहुंचें". लॅक.लुफ्थान्सा.कॉम. Archived from the original on 1 November 2006. Retrieved 30 July 2002.
- ↑ "लुफ्थांसा फ्रैंकफर्ट में नए कार्यालय परिसर खोलता है". यूरोप इंटेलिजेंस वायर. जुलाई 19, 2006. Retrieved 25 August 2009.
- ↑ "लुफ्थान्सा उड़ान अनुसूची". क्लियरट्रिप.कॉम. Retrieved 30 September 2016.
- ↑ "एक जर्मन एयरलाइन फिर". फ्लाइटग्लोबल. 15 अप्रैल 1955. pp. 472–473. Retrieved 9 July 2013.
- ↑ "लुफ्थान्सा फर्स्ट क्लास". ए380.लुफ्थान्सा.कॉम. Retrieved 24 November 2010.
- ↑ स्नाइडर, ब्रेट. "तस्वीरें: लुफ्थांसा नया बिजनेस क्लास के अंदर". कुंडे नास्ट ट्रैवेलर. Retrieved 12 October 2014.