लूसिफ़र

शुक्र ग्रह क एगो नाँव, भोर क तारा; ईसाई कथा में नरक के रखवाला शैतान क एगो नाँव

लूसिफ़र, लूसिफर चाहे लुसिफ़र ईसाई धरमशास्त्रन में शैतान के नाँव हवे जे नरक (हेल) के रखवाला हवें। शब्द लैटिन भाषा से आइल हवे जेकर मतलब 'भोर क तारा' (मॉर्निंग स्टार) होला। ई नाँव बहुधा शुक्र ग्रह के सुबेरे के चमक खातिर भी इस्तमाल होला।

दि फालेन एंजेल (The Fallen Angel) (1847) Alexandre Cabanel के पेंटिंग जे में लुसिफ़र के देखावल गइल बा

शैतान खातिर ई नाँव किंग जेम्स के बाइबिल में पहिली बेर अंग्रेजी भाषा में इस्तेमाल भइल। रोमन मिथक सभ में 'लुसिफ़र' शब्द 'रोशनी ले आवे वाला' के अरथ में शुक्र ग्रह खातिर इस्तेमाल भइल बा जे एगो मर्दाना देवता के रूप में कल्पित बाड़ें।

इहो देखल जाय संपादन करीं