लूसिफ़र (टीवी सीरीज)

अमेरिकन टीवी सीरीज

लूसिफ़र एगो अमेरिकन फैंटेसी टीवी सीरीज बा जे 25 जनवरी 2016 के पहिली बेर प्रीमियर भइल आ 10 सितंबर 2021 के खतम भइल। ई सीरीज में हीरो बाइबिल आ पुराना कथा कहानी सभ के करेक्टर लूसिफ़र के आधुनिक रूप बा जे एह कहानी में लॉस एंजेलिस के शहर में एगो क्लब के मालिक बाड़ें; कहानी के दूसर मुख्य करेक्टर लास एंजेलिस पुलिस डिपार्टमेंट (एलएपीडी) के डिटेक्टिव क्लोई डेकर बाड़ी। पूरा सीरीज में कहानी मर्डर मिस्ट्री के साथे-साथ मिथक (कथा-कहानी वाला) करेक्टर लोगन के बिबरन के साथे आगे बढ़े ला।

लूसिफ़र
बिधाफैंटसी, क्राइम सस्पेंस
बिकासकर्ताटॉम कापिनोस
स्टारिंग
थीम संगीतकारHeavy Young Heathens
सुरुआती थीम"Being Evil Has a Price"
उत्पत्ती देसअमेरिका
मूल भाषा(सब)अंग्रेजी, (हिंदी डब)
सीजन संख्या6
एपिसोड नं.93
प्रोडक्शन
कैमरा सेटअपSingle-camera
प्रसारण काल42–65 minutes
प्रोडक्शनकंपनी
डिस्ट्रीब्यूटरWarner Bros. Television Distribution
रिलीज
मूल नेटवर्क
पिक्चर फॉरमेटHDTV 720p
4K (Ultra HD)
ऑडियो फॉरमेटDolby Digital 5.1
ओरिजिनल रिलीजजनवरी 25, 2016 (2016-01-25) – सितंबर 10, 2021 (2021-09-10)
बाहरी कड़ी
वेबसाइट
प्रोडक्शन वेबसाइट

लूसिफ़र मॉर्निगस्टार के रोल टॉम एलिस द्वारा कइल गइल बा जे एगो वेल्श कलाकार हवें। इनके साथे कलोई डेकर के रोल में लॉरेन जर्मन बाड़ी। अउरी प्रमुख कलाकार लोगन में केविन एलेहांद्रो, डी. बी. वुडसाइड, लेस्ली-ऐन ब्रैंट आ ऐमी गार्सिया बा लोग।

वर्तमान में एकर सीजन आ एपिसोड सभ के नेटफ्लिक्स पर वेब सीरीज के रूप में देखल जा सके ला। मूल रूप से ई अमेरिकन कंपनी फॉक्स द्वारा प्रसारित भइल रहल।

लूसिफ़र के कलाकार संपादन करीं

  • टॉम एलिस - लूसिफ़र मॉर्निंगस्टार के लीड रोल में।
  • लॉरेन जर्मन - डिटेक्टिव क्लोई डेकर के रोल में।
  • केविन एलेहांद्रो - डिटेक्टिव डैनियल "डैन" स्पिनोज़ा के रोल में। क्लोई के एक्स-हसबैंड।
  • डी. बी. वुडसाइड - अमेनेडील के रोल में। लूसिफ़र के बड़ भाई, एंजेल, गॉड के सभसे काबिल आ बड़ बेटा।

बाहरी कड़ी संपादन करीं