वर्डप्रेस (WordPress) चाहे wordpress.org, एगो मुफ्त आ ओपन सोर्स कंटेंट मैनेजमेंट सिस्टम बा जे पीएचपी प्रोग्रामिंग भाषा में लिखल हवे[2] आ ई माइएसक्यूएल चाहे मारियाडीबी डेटाबेस सभ के साथे मिल के काम करे ला। एकरा फ़ीचर सभ में प्लगइन आर्किटेक्चर आ वेब टेम्पलेट सिस्टम सामिल बा जे वर्डप्रेस के भीतर थीम के रूप में आवे ला। मूल रूप से ई सिस्टम ब्लॉग छपावे वाला सिस्टम के रूप में डेवेलप कइल गइल रहे बाकिर बाद में चल के ई कई गो अउरी चीजन के सपोर्ट करे लायक बनावल गइल। अब एह में मेलिंग लिस्ट, इंटरनेट फोरम, मीडिया गैलरी, मेंबरशिप साइट, लर्निंग मैनेजमेंट सिस्टम सभ आ ऑनलाइन स्टोर सामिल भ गइल बाड़ें। ई वर्तमान समय में दुनियाँ के सभसे पापुलर कंटेंट मैनेजमेंट सिस्टम सभ में सामिल बा आ अक्टूबर 2021 तक ले तक ले के जानकारी के मोताबिक दुनियाँ के टॉप 10 मिलियन (1 अरब) वेबसाइट सभ में से 42.8% एही के इस्तेमाल क रहल बाड़ीं।[3][4]

WordPress
डेवलपरWordPress Foundation
सुरुआती रिलीजमई 27, 2003; 20 साल पहिले (2003-05-27)
रिपोसिटरीcore.trac.wordpress.org/browser
भाषापीएचपी (PHP)
ऑपरेटिंग सिस्टमयुनिक्स-लाइक, विंडोस, लाइनक्स
प्रकारब्लॉग सॉफ्टवेयर, कंटेंट मैनेजमेंट सिस्टम, कंटेंट मैनेजमेंट फ्रेमवर्क
लाइसेंसGPLv2+[1]
वेबसाइटwordpress.org एकरा के विकिडेटा पर संपादित करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "WordPress: About: GPL". WordPress.org. Archived from the original on July 21, 2010. Retrieved June 15, 2010.
  2. "Requirements". WordPress. Archived from the original on January 20, 2020. Retrieved Jan 29, 2020.
  3. "Usage Statistics and Market Share of Content Management Systems for Websites". W3Techs. 7 May 2021. Retrieved 7 May 2021.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  4. "CMS Usage Statistics". BuiltWith. Archived from the original on August 6, 2013. Retrieved August 1, 2013.

बाहरी कड़ी संपादन करीं