विंध्याचल भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के मिर्जापुर जिला में एक ठो कसबा बाटे। जिला के मुख्यालय मिर्जापुर के साथे मिल के ई एकट्ठा मिर्जापुर-आ-बिंध्याचल नाँव से एकही शहरी इलाका के रूप में देखल जालें। पहिले ई दू गो अलग-अलग कस्बा रहलें जे शहरी बिस्तार के चलते आपस में जुड़ गइल बाड़ें आ एक ठो अर्बन एग्लोमरेशन के रूप में चिन्हित कइल जालें। दुनों के सामूहिक जनसंख्या, 2011 के जनगणना में 2,34,871 रहल।[1]

विंध्याचल
कस्बा
विंध्याचल is located in Uttar Pradesh
विंध्याचल
विंध्याचल
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
Coordinates: 25°09′41″N 82°30′03″E / 25.16135°N 82.5007°E / 25.16135; 82.5007निर्देशांक: 25°09′41″N 82°30′03″E / 25.16135°N 82.5007°E / 25.16135; 82.5007
देस भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलामिर्जापुर
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी
Time zoneUTC+5:30 (IST)

जहाँ मिर्जापुर के पहिचान जिला मुख्यालय आ अन्य कारण से बा, ओहीजे बिंध्याचल के परसिद्धि इहाँ मौजूद हिंदू देवी बिन्ध्यवासिनी के मंदिर खातिर आ देवी दुर्गा के पूजा करे वाला लोग खाती तीरथ के रूप में बाटे।

बिंध्याचल कस्बा गंगा नदी के तीरे बा आ ई मुगलसराय-इलाहाबाद रेलवे लाइन पर मिर्जापुर के पच्छिम ओर रेलवे टीशन भी हवे। साल में दू बेर नवरातर के समय इहाँ खूब भीड़ रहे ला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Mirzapur and Vindhyachal City Population Census 2011 | Uttar Pradesh". www.census2011.co.in. Retrieved 13 जून 2018.