विकिपीडिया:इतिहास में आजु/10 जून
ई इतिहास में 10 जून के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
फोटो
एक बेर में कौनों एक ठो फोटो इस्तेमाल कइल जाय
इनहन के मत चुनल जाय
ब्लर्ब | कारण |
---|---|
सही उमीदवार
टिप्पणी
- ११९० – तिसरा क्रुसेड: फ्रेडरिक I बरबोसा के क्रूसेडर्स के नेतृत्व करत समय, अनातोलिया के सालेफ नदी में डूब के मउत हो गइल।
- १८८६ – माउंट तारावेरा, न्यूजीलैंड के उत्तर दीप में एगो जवालामुखी परबत, के बिस्फोट भइल आ १२० से ढेर लोगन के मौत हो गइल आ "दि पिंक एंड वाइट टैरेसेस" नष्ट हो गइल।
- १९६७ – छह दिन के जुद्ध, जवना के "जून के लड़ाई" भी कहल जाला, के अंत हो गइल आ इजराइल आ सीरिया के बीच समझौता भइल।
- १९८६ – भारतीय क्रिकेट टीम पहिली बेर लार्ड्स के मैदान पर इंग्लैंड के टेस्ट मैच में पाँच बिकेट से हरवलस।
- २००३ – नासा के मंगल यान, स्पिरिट (फोटो में देखावल) लांच कइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं: