परिचय   संपादन   रूपरंग   विकिपीडिया जोड़   संदर्भ और स्रोत   संवाद पृष्ठ   ध्यान रखें   पंजीकरण   जाते-जाते    
विकिपीडिया सम्पादन कइसे करब: एगो छोट समीक्षा

विकिपीडिया लेख-सम्पादन स्वशिक्षा

विकिपीडिया कइयन सदस्यन के सहयोग से बनल एगो खुला ज्ञानकोश हऽ जवना में आप आपन योगदान आसानी से दे सकत बानी। इ पाठ आपके एगो विकिपीडिया योगदानकर्ता बने में सहायता करी।

एह पाठ के पन्ना कुल आपके विकिपीडिया पर लेख लिखे के उचित तौर-तरीका सभ से अवगत कराई, मने कि लेख कइसे लिखे के चाँही अउर कवन सामग्री उचित-अनुचित बा। ई पाठ आपके विकिपीडिया सदस्य-समाज, नीति कुल आ व्यवहार के बारे में भी बताई।

इ एगो बेसिक पाठ हऽ, एही से एह में बहुत बारीक बिसयन पर बिस्तार से जानकारी नइखे। अइसन चीजन पर जानकारी आपके अन्य पन्नवन पर मिली जेकरा खातिर जगह-जगह पर नीला रंग के जोड़ (लिंक) दिहल गइल बा। ओ कुल के पढे खातिर, आप ओ कुल के अापन ब्राउज़र पर अन्य टैबन में खोल सकत बानीं।

सीखत-सीखत आप अभ्यास पन्ना ("सैंडबॉक्स") पन्ना पर प्रयोग कर सकत बानीं। एह अभ्यास पन्ना पर आप मनचाहे जइसन फेर-बदल करीं अउर जइसे चाहिं प्रयोग करीं! केहू आप के रोके-टोके वाला नइखे, अउर एह में चाहे आप जेतना मन करे उलटा-सीधा खिचड़ी पकाईं, केहू के कउनो प्रकार के आपत्ति नईखे होखे वाला अउर केहू बुरा ना मानी।

आईँ, सम्पादन के बारे में सीखल जाव!