विकिपीडिया:पन्ना के स्थानांतरण कइल

विकिपीडिया पर, आम दसा में कौनों पन्ना के नाँव बदलल जा सके ला अगर पहिले से मौजूद नाँव में कौनों गड़बड़ी चाहे गलती होखे चाहे अउरी कौनों कारन से पन्ना के नाँव में बदलाव के जरूरत होखे; एकरा के पन्ना स्थानांतरण कहल जाला। पन्ना के बिना बेस टाइटिल के बदलले एक नामस्थान से दुसरे नामस्थान में भी ले जाइल जा सके ला—जइसे कि केहू प्रयोगकर्ता के अपना निजी प्रयोगकर्ता उपपन्ना के रूप में बनावल गइल रफ-ड्राफ्ट के लेख नामस्थान में ले जाइल जा सकत बा। कुछ दसा में अगर आप स्थानांतरण करे में सक्षम न होखीं तब आप पन्ना के स्थानांतरण करे (नाँव बदले) खातिर अनुरोध क सकत बानी। कुछ नाँव बदलाव बिबादास्पदो हो सके लें आ उनहन के के पूरा करे से पहिले विकिपीडिया समुदाय के आम सहमती के जरूरत पड़े ला। संदेह के दसा में हमेशा कोसिस करीं कि खुद स्थानांतरण करे के बजाय अनुरोध करीं।

फाइल सभ के स्थानांतरण, तकनीकी कारन से, बस प्रबंधक लोग भर क सके ला; हालाँकि अइसन स्थानांतरण के अनुरोध केहुओ द्वारा कइल जा सके ला।

श्रेणी के स्थानांतरण तनिक टेढ़ काम होला आ एकरा के पूरा प्लानिंग के बाद कइल जाए के चाहीं आ स्थानांतरण के बाद श्रेणी में आवे वाला पन्ना सभ पर श्रेणी बदलाव के रूप में स्थानांतरण-बाद के कार्रवाई उचित तरीका से कइल जाए के चाहीं। अगर आप पूरा प्रासेस से परिचित ना होखी, चाहे खुद ई प्रासेस पूरा करे में सक्षम ना होखी, अइसन काम खातिर अनुरोध कइल बेहतर रही।

कौनों पन्ना के सामग्री के कट क के नया टाइटिल पर पेस्ट क के पन्ना के नाँव बदलाव कबो ना कइल जाए के चाहीं, एकरा चलते पन्ना के संपादन इतिहास खंडित हो जाला।

मनमाना आ अराजक तरीका से पन्ना स्थानांतरण के विकिपीडिया खातिर नोकसानदेह मानल जा सके ला जेकरा के बिघटनकारी चाहे उत्पात वाला संपादन के रूप में मिलले प एकरा चलते राउर खाता पर रोक (ब्लॉक) भी लगावल जा सके ला। सावधानी बरतीं आ नीच दिहल तरीका आ बिधी सभ के इस्तेमाल करीं।

कौनों पन्ना के स्थानांतरण के कारन संपादन करीं

कई अइसन कारन हो सके लें जिनहन के चलते आप पन्ना के स्थानांतरण कइल चाह सके लीं:

  • टाइटिल विकिपीडिया के नाँव रखे के परंपरा अनुसार ना होखे, जइसे कि आम चलन के नाँव वाला ना होखे चाहे बहुते बेसी भा फाजिल सटीकता वाला होखे।
  • बिसय क नाँव बदल गइल होखे आ नया नाँव मजिगर बहुतायत से आम चलन में आ गइल होखे।
  • टाइटिल के हिज्जे में गलती होखे, स्टैंडर्ड बिराम चीन्हा वगैरह के अभाव होखे, चाहे भरमाव पैदा करे वाला या फेरु गैर-सटीक होखे।
  • एकही नियर टाइटिल वाला कई बिसय होखें आ अइसना में भरम-निवारण जरूरी होखे, चाहे ऊ बहुअर्थी भरम-निवारण पन्ना के रूप में होखे जबकि ओकरा के प्राथमिक (प्राइमरी भा मुख्य) टॉपिक होखे के चाहत रहल होखे।
  • लेख के नाँव बिबरन आधारित होखे आ लेख के स्कोप (बिसय-दायरा) में घटती, बढ़ती चाहे बदलाव भ गइल होखे।
  • अगर लेख केहू प्रयोगकर्ता के निजी उपपन्ना के रूप में रफ-ड्राफ्ट के रूप में बनावल गइल होखे आ अब मुख्य नामस्थान में लेख के रूप में रखे लायक तइया भ गइल होखे।

पन्ना स्थानांतरण से पहिले संपादन करीं

पन्ना के नाँव बदलाव खातिर अनुरोध करे पर बिचार करीं, अगर:

  • ...आप के शंका होखे कि स्थानांतरण कौनों किसिम के बिबाद भा टकराव के कारन बन सके ला
  • ...अगर आप खुदे संशय में होखीं आ विकिपीडिया:लेख टाइटिल दिसानिर्देश पढ़ले की बादो ई ना तय क पावत होखीं कि सभसे नीक नाँव का होखी
  • ...अगर आप के अइसन बुझाय कि राउर स्थानांतरण प्रस्ताव में समुदाय के सलाह (इनपुट) लिहल लाभदायक रही

पन्ना के सामग्री कट/पेस्ट क के स्थानांतरण भा नाँव बदलाव मत करीं, एकरा कारन पन्ना के संपादन इतिहास खंडित हो जाई आ विकिपीडिया पर कॉपीराइट लाइसेंस एह बात के जरूरी बनावे ला कि सगरी योगदानकरता लोगन के उनहन लोग के काम के क्रेडिट आ पहिचान मिले)। अगर आपके कौनों कट-एंड-पेस्ट स्थानांतरण भइल देखलाई पड़े तब प्रबंधक लोग के सूचित करीं

सावधानी राखीं संपादन करीं

कुछ दसा में, आप कौनों कारन बस, पन्ना स्थानांतरण कइल चाहत हो सकी लें आ अइसन क सके में सक्षमो हो सकीं लें - हालाँकि, जबले एकदम आश्वस्त न होखीं कि आप के कइल स्थानांतरण उचित आ विकिपीडिया खाती लाभदायक काम बा, बिना अउरी लोगन के राय-बात लिहले स्थानांतरण करे से बचे के चाहीं। तनिको संदेह होखे तब नाँव बदले के अनुरोध वाला प्रासेस के पूरा करीं।

धियान दीं कि पन्ना स्थानांतरण आम संपादन से बेसी टेक्निकल चीज हवे आ एकरा चलते होखे वाला गलती के वापसी ओतना आसानी से ना होखे ला जेतना कि कौनों आम संपादन से होखे वाला गलती के वापस कइल जा सके ला। बिना भरपूर सोच बिचार के, मनमाना स्थानांतरण से बचीं - ई विकिपीडिया खाती बिघटनकारी हो सके ला आ उत्पात मानल जा सके ला।

संदेह के दसा में हमेशा नाँव बदले के अनुरोध वाला तरीका इस्तेमाल कइल जाए के चाहीं आ बिबाद आ टकराव के दसा में सभ्य तरीका से चर्चा क के आपसी आम-सहमती से निर्णय ले पहुँचे के चाहीं।

स्थानांतरण भा नाँव बदलाव के अनुरोध कइसे करीं संपादन करीं

एकरा खातिर एगो स्टैंडर्ड टेम्पलेट {{Requested move}} बा जेकर इस्तेमाल आप पन्ना के वार्तालाप पन्ना पर क के नाँव बदले भा स्थानांतरण के अनुरोध क सकत बानी। एकरा इस्तेमाल के तरीका ओहिजे दिहल बाटे। एकर प्रयोग करे से पन्ना अनुरोध खातिर लिस्ट हो जाई।

एकरा बाद हमेशा कोसिस करीं कि अगर टेक्निकल स्थानांतरण के दसा होखे तब प्रबंधक लोग के आ अगर राय-बात, चर्चा आ आम-सहमती के जरूरत होखे तब समुदाय के एह बात के सूचना दे दीं की आप कौनों पन्ना के स्थानांतरण खातिर चर्चा चाहत बानी। प्रबंधक लोग के सूचना देवे खाती विकिपीडिया:प्रबंधक सूचनापट पर लिखीं। समुदाय के सूचना देवे खातिर चौपाल पर टेम्पलेट {{Notice}} के प्रयोग द्वारा नोटिस लिख दीं।

आम दसा में, अनुरोध एक-से-दू हप्ता के समय में पूरा कइल जा सके ला। हालाँकि, अगर प्रबंधक लोग के ई बुझाय कि चर्चा में लोग शामिल ना भ पवले बा आ अउरी समय दिहल चाहत बा, अनुरोध पूरा होखे में बेसियो समय लाग सके ला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

  • mw:Help:Moving a page, मीडियाविकि (MediaWiki) मदद पन्ना
  • meta:Help:Moving a page, विकिमीडिया मेटा-विकि (Wikimedia Meta-Wiki) मदद पन्ना
  • Wikipedia:Moving a page, अंग्रेजी विकिपीडिया पर बिस्तार से देखीं
  • Help:How to move a page अंग्रेजी विकिपीडिया पर सरल आ संछेप में जानकारी देखीं