विकिपीडिया शैली गाइड (स्टाइल मैनुअल) एह बात खातिर मूलभूत दिसानिर्देस हवे कि विकिपीडिया पर कवना तरीका से लेख लिखल जाय। ई बतावे ला कि:

  • लेख के टाइटिल के तरे के होखे,
  • विकिपीडिया पर कइसन भाषा में लिखल जाय,
  • लेख के रूपरंग कइसन होखे,
  • लेख के टोन कइसन होखे, आ अइसने अउरी कई चीज बतावे ला।

टाइटिल, हेडिंग आ खंड संपादन करीं

टाइटिल संपादन करीं

टाइटिल लेख के पहिचान हवे। विकिपीडिया लेख के टाइटिल चीन्हल-पहिचानल, आसानी से बुझाये वाला, पर्याप्त रूप से संछिप्त, तटस्थ आ अन्य संबंधित लेख सभ के साथ एकरूपता लिहले होखे के चाहीं। जहाँ एह सगरी तत्व सभ के एक साथ रखे में कुछ दिक्कत होखे, भरसक बैलेंस बनावल जाय आ इनहन में से अधिकतम चीज के सामिल करे के कोसिस रहे के चाहीं।

विकिपीडिया के लेख सभ के टाइटिल (शीर्षक) के बारे में धियान रहे कि:

  • भरसक संज्ञा के प्रयोग होखे, एकवचन में होखे
  • दुसरा भाषा के शब्द, किताब के नाँव, फिलिम के नाँव वगैरह के तिरछा अच्छर में लिखल टाइटिल बनावल जाय। (एकरे खातिर लेख में सभसे ऊपर {{Italic title}} जोड़ल जाला।)
  • जबले बहुत जरूरी न होखे उपलेख नियर न बनावल जाय। ("भारत/संस्कृति" या "भारत (संस्कृति)" के जगह "भारतीय संस्कृति" टाइटिल ठीक रही।)
  • टाइटिल के कोटेशन चीन्हा ("...") के अंदर न रखल जाय।
  • नाँव वाला टाइटिल हमेशा आम चलन वाला रखल जाय ("महात्मा गाँधी" न कि "मोहनदास करमचंद गांधी", "बनारस" न कि "वाराणसी") आ लोग के नाँव के आगे भा पाछे आदर, सम्मान, डिग्री, टाइटिल (उपाधि) नियर चीज न जोड़ल जाय, अगर ऊ आम चलन में नाँव के हिस्सा नियर न बन गइल होखे। (अपवाद रूप उदाहरण "महात्मा गाँधी" या "गौतम बुद्ध" या "मिर्जा ग़ालिब"; जबकि "बाबासाहेब डाक्टर भीमराव अंबेडकर" या "गुरुदेव रवीन्द्रनाथ टैगोर" ना।)
  • बिना जरूरत के, टाइटिल में शार्ट फ़ार्म के इस्तमाल न कइल जाय (उदाहरण- "यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका", न कि "यूएस"; अपवाद- "यूनेस्को")।
  • बिबादित बिसय पर, टाइटिल तटस्थ होखे।
  • दूसरी भाषा के टेक्नीकल, बैज्ञानिक शब्द वगैरह के ओही भाषा के उच्चारण के देवनागरी लिपि में लिखल जाय अगर भोजपुरी में ओकरे खातिर कौनों सहज शब्द मौजूद न होखे, हिंदी या अन्य कौनों भाषा में अनुवाद न रखल जाय। (उदाहरण - "कंप्यूटर" सही टाइटिल बा न कि "संगणक" या "अभिकलित्र")

हेडिंग आ खंड संपादन करीं

लेख के नीक से कई खंड में बाँट के लिखल जाए के चाहीं, जरूरत से ज्यादा खंड आ उपखंड भी ना बनावे के चाहीं।

हेडिंग बनावे खातिर बराबर के चीन्हा (=) के इस्तमाल होला, ==पहिला लेवल के हेडिंग==, (=हेडिंग= के रूप कहीं ना इस्तमाल होला) ===दुसरा लेवल के हेडिंग===, ====तिसरा लेवल के हेडिंग==== आ एही तरे आगे। भरसक लेख में तीन लेवल से ज्यादा नीचे उतर के हेडिंग न बनावल जाए के चाहीं।

== हेडिंग == के रूप में बराबर वाला निशान आ हेडिंग के शब्द के बिचा में एक ठो खाली जगह छोड़ल आपके मर्जी के ऊपर बा।

हेडिंग (यानि कि नया खंड) के ठीक पहिले एक ठो लाइन खाली छोड़ल जाए के चाहीं। एकरे बाद एक लाइन छोड़ल आपके मर्जी पर बा। एक से ढेर लाइन छोड़ल कहीं मान्य नइखे न हेडिंग के पहिले न बाद में।

अन्य धियान देवे लायक बात
  • खंड के हेडिंग में लेख के टाइटिल के बेर-बेर दोहराव ना होखे के चाहीं: मने कि "भिखारी ठाकुर" पर लेख में खंड के नाँव "भिखारी ठाकुर के जीवन", "भिखारी ठाकुर के रचना" वगैरह के जगह पर खाली "जीवन" अ "रचना" लिख दिहल काफी बा।
  • आमतौर पर, हेडिंग कड़ी के रूप में ना होखे के चाहीं, ख़ास तौर से अगर एकरा कौनों हिस्सा के कड़ी बनावल गइल होखे।
  • पूरा पन्ना में हर एक हेडिंग यूनीक होखे के चाहीं (मने कि पन्ना पर ओही नाँव कौनों दूसर हेडिंग ना होखे के चाहीं)।
  • हेडिंग के बीच में (या अंत में) संदर्भ, फुटनोट वगैरह ना होखे के चाहीं।
  • हेडिंग में फोटो (जइसे, झंडा के निशान वगैरह) या <math> ना होखे के चाहीं।
  • प्रश्नवाचक वाक्य के रूप में ना होखे के चाहीं।
  • भरसक हेडिंग के सुरुआत गिनती (अंक) से ना होखे के चाहीं काहें कि ई ऑटो-नम्बरिंग के साथ भरमाव पैदा क सकेला।

एकरे अलावा कौनों गुप्त कमेंट के हेडिंग में लिखे के होखे तब ओकरा के बराबर के निशान सभ == == के बीच में लिखे के चाहीं:

==हेडिंग <!--ई तरीका सही बा-->==

==<!--ई तरीका सही बा-->हेडिंग==
==हेडिंग==<!-- एह कमेंट से समस्या हो जाई-->

<!--एहू कमेंट से समस्या हो जाई-->==हेडिंग==

अगर कौनों हेडिंग में बिना सोचले-बुझले बदलाव कइल जाय तब इहाँ ले आ के छोड़े वाली कड़ी जे कौनों दूसरा लेख में होखे खराब हो सके ले। कोसिस करे के चाहीं कि अगर कौनों हेडिंग पर कहीं दूसरा जगह से कड़ी आ के जुड़त होखे, कमेंट में लिख दिहल जाय, नीचे दिहल तरीका से:

==छायावाद<!--खंड पर कड़ी जुड़ल बा [[महादेवी वर्मा]], [[जयशंकर प्रसाद]] से (देखीं [[MOS:HEAD]])-->==

मौजूद शैली के बचाव संपादन करीं

भाषा के रूप, लिखाई (लिपि) वगैरह के कई रूप स्वीकार करे लायक हो सके ला। विकिपीडिया के आम परंपरा बा कि खाली शैली में बदलाव करे खातिर संपादन न कइल जाय। लेख जवना तरह के शैली में स्थापित हो चुकल बा ओकर आगे भी पालन कइल जाय।

शैली में बदलाव भर खातिर कौनों तरह के संपादन लड़ाई कौनों भी दशा में स्वीकार ना कइल जाई, हो सके त लेख के बातचीत पन्ना पर चर्चा करीं अगर शैली में बदलाव करे के बहुत जरूरत होखे। या कौनों आम समस्या होखे तब एह पन्ना (शैली गाइड) के बातचीत पन्ना पर चर्चा करीं।

भाषा के रूप संपादन करीं

भोजपुरी के रूप अलग-अलग इलाका में अलग-अलग हो सके ला। एकरा कारन कई बेर आपके अड़बड़ बुझा सके ला कि रवाँ जेवन तरह के भोजपुरी बोली लें ओ से कुछ अलग तरह के बोली में लेख लिखल गइल बा। सबसे आसान सिद्धांत धियान में राखीं कि खाली बोली के रूप बदले खातिर संपादन मत करीं।

लेख के अंदर एकरूपता (कंसिस्टेंसी)
कौनों विकिपीडिया लेख में पहिले से अगर कौनों रूप के इस्तमाल हो रहल बा, तब ओही रूप के जारी रखल जाय। खाली बोली बदले खातिर बदलाव न कइल जाय। एक ठो लेख के अंदर एकही तरह के भाषा के रूप रहे के चाहीं आ एकर बचाव करे के चाहीं कि ई रूप बिगड़े न।
क्षेत्र के साथ बिसय के मजबूत जुड़ाव
कौनों लेख बिसेस के कौनों ख़ास भोजपूरी इलाका से बहुत मजबूत जुड़ाव हो सके ला। अइसन दसा में आदर्स रूप से ओह लेख के भाषा के रूप भा बोली ओही इलाका वाली होखे के चाहीं। अगर आपके कौनों दूसर क्षेत्रीय शैली में लिखल लेख के बिस्तार करे के बा आ ओह क्षेत्रीय बोली के बहुत जानकारी ना बाटे तब आप अपना स्वाभाविक भोजपुरी में आगे लिखीं। पहिले से जेवन चीज लिखल बा ओकरा के खाली बोली भर बदले खाती कॉपी-एडिटिंग मत करीं। अइसन दसा में इहो धियान रखीं कि समय के साथ बाद में राउर लिखल चीज के मूल क्षेत्र वाली बोली के इस्तेमाल करे खाती बदलल जा सके ला।
भाषा में मौजूद बिबिधता के रक्षा कइल
विकिपीडिया आम बोलचाल के भाषा के सभसे ढेर महत्व देले आ एह में मौजूद बिबिधता के पाछे चले ले, न कि इहाँ कौनों भाषा के मानक रूप स्थापित करे के कोसिस कइल जाला। लेख एक बेर जवना बोली में साकार हो गइल ओकरा के बदले के ना चाहीं (जबले कि कुछ खास दसा में कौनों इलाका बिसेस के साथे बिसय के मजबूत जुड़ाव न होखे, जइसन की ऊपर बतावल जा चुकल बाटे)। मेटा विकि पर साफ कहनाम बा कि लेख के सुरुआती रूप पहिला लेखक तय करे ला आ बाद में बिस्तार करे वाला संपादक के एकर सम्मान करे के चाहीं। खाली भर, भोजपुरी के एक वेरायटी से दूसरा वेरायटी में बदलल जाए खातिर, कौनों भी लेख में संपादन स्वीकार ना कइल जाई आ एकरा के वापस क दिहल जाई।
समुदाय के बेहतर अवसर उपलब्ध करावल
भोजपुरी बोले, पढ़े वाला समुदाय के आसानी से समझ में आ जाए वाला शब्द सभ के प्रयोग करे के चाहीं। जहाँ तक हो सके, अइसन शब्द के प्रयोग कइल जाय जे हर इलाका के भोजपुरी बोले वाला के सहज रूप से बुझा जाय।

भोजपुरी के अब देवनागरी लिखाई (लिपि) में लिखल जा रहल बा आ बहुत दिन से लिखल जा रहल बा। हिज्जे (इस्पेलिंग) पर देवनागरी लिपि आ हिंदी, संस्कृत, नेपाली, नेवारी वगैरह भाषा सभ के भी बहुत परभाव बा आ अंगरेजी के भी। भोजपुरी के सगरी उच्चारण खुदे देवनागरी में ना लिखल जा सके लें, उदाहरन खातिर ए आ ओ के ह्रस्व रूप या अ के दीर्घ रूप। केतना, एतना, ओइसन, ओतना में ए आ ओ के उच्चारण लघु रूप में होला जबकि हिंदी/संस्कृत में इनहन के दीर्घ स्वर मानल जाला।

कुछ चीज के धियान देवे के जरूरत बा जे एह विकिपीडिया पर स्थापित शैली बा:

पंचमाक्षर प्रयोग संपादन करीं

संस्कृत में अं (अनुस्वार) आ आधा अक्षर जोड़े के नियम बा जेकरे अनुसार कुछ दसा में ं के मात्रा के जगह ङ् ञ् ण् न् म् वगैरह लिखल जाला। उदाहरण खातिर गंगा के गङ्गा लिखल शुद्ध मानल जाला; सञ्जीव, कण्ठ, नन्दा, सम्बन्ध वगैरह भी। अइसन शुद्धता खातिर इहाँ कौनों आगरह नइखे बलुक "अं" के प्रयोग के नीति बा जबले कि खास जरूरत न होखे (मने कि आप आप संस्कृत के कौनों श्लोक के हवाला दे रहल होखीं तब ङ् ञ् ण् न् म् के प्रयोग करीं, बाकी जगह "अं" के यानि ऊपर वाली बिंदी ( ं ) लगा के लिखीं। अइसन शब्द सभ के एह विकिपीडिया पर इस्तेमाल में एकरूपता खातिर हर जगह बिंदी ( ं ) के प्रयोग करे के नीति बा बाकी खाली इहे बदलाव भर करे खातिर कौनों लेख में संपादन करे के जरूरत भी नइखे, अइसन शब्द सभ के समय-समय पर बॉट द्वारा बदलल जा सके ला।

नुक़्ता संपादन करीं

उर्दू (अरबी, फ़ारसी, तुर्की मूल के शब्द) में अक्सर क, ख, ग, ज, फ वगैरह के नीचे एक ठो बिंदी लगा के लिखल जाला आ इनहन के शुद्ध रूप मानल जाला। विकिपीडिया पर अइसन शुद्धता के जरूरत ना बा आ बिना नुकता के लिखे के रिवाज बा।

बिना नुक्ता के लिखे के अपवाद बा:

  1. अगर नुकता न लगावे से भरम पैदा होखे आ अरथ बदल जाये के संभावना होखे- ज़ंग (मुरचा या Rust लोहा पर लागे वाला) आ जंग (लड़ाई) में अंतर करे खातिर नुक्ता के इस्तमाल कइल जा सके ला अगर वाक्य में एकरे इस्तमाल से साफ न होखत होखे।
  2. केहू ब्यक्ति या जगह वगैरह के नाँव, या खासतौर पर अरबी, ईरानी, मध्यकालीन संस्कृति से जुड़ल शब्द सभ में नुक्ता लगा के लिखल जरूरी बा (अगर भोजपुरी में एकर बिना नुक्ता वाला उच्चारण पहिले से चलन में न आ गइल होखे)।

कुछ अंग्रेजी उच्चारण सभ खातिर भी नुक्ता लगावल जाला। फ़ाइल, रोज़ (rose) वगैरह के उच्चारण स्पष्ट करे खातिर। इनहन के भी जरूरत अनिवार्य रूप से ना बा, जबले कि खास जरूरत न होखे बिना नुक्ता के लिखल जाय।

गिनती के अंक संपादन करीं

विकिपीडिया पर अरबी अंक से निकलल इंटरनेशनल अंक के इस्तेमाल होला (1, 2, 3... के न कि १, २, ३... के)। हर जगह एही इंटरनेशनल अंक के इस्तमाल होखे के चाहीं अगर कौनों खास जरूरत न होखे (जइसे आप देवनागरी के अंक के उदाहरन न लिखत होखीं)। बहुत सारा टेम्पलेट सभ अगर गलती से इंटरनेशनल अंक के जगह देवनागरी लिख दिहल जाय त खराबी हो सके ला।

कई शब्दन आ नाँव सभ के छोट रूप या शार्ट फार्म चलन में बा जे मुख्य रूप से अंगरेजी के परभाव हवे। इनहन के अंगरेजी में एब्रीवियेशन कहल जाला। ई चार तरह से लिखल जा सके लें:

  1. यूनाइटेड स्टेट्स – यू॰एस॰ (लाघव चीन्हा के साथ)
  2. यूनाइटेड स्टेट्स – यू.एस. (डॉट के साथ)
  3. यूनाइटेड स्टेट्स – यूएस (बिना कौनो चीन्हा के)
  4. यूनाइटेड नेशंस एजुकेशनल, साइंटिफिक एंड कल्चरल ऑर्गेनाइजेशन – यूनेस्को (जहाँ छोट रूप खुदे नाँव भा शब्द के रूप में बोलल जाय)

इनहन से संबंधित रीति नीचे बतावल जात बा:

  • लेख में अइसन कौनों शब्द या नाँव जहाँ पहिली बेर आवे तहाँ दुनों वर्जन लिखल जाये के चाहीं, बाद में जहाँ भी आवे उहाँ खाली छोट रूप भी लिखल जा सकत बा।
जइसे "'क' भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के नेता हवें..., ...साल में भाजपा के जिला अध्यक्ष चुनल गइलें।"
  • लाघव चीन्हा वाला वर्जन कहीं मत लिखीं बलुक एकरे जगह डॉट वाला वर्जन लिखल जाये के चाहीं; यू॰एस॰ के बजाय यू.एस. लिखीं।
  • चलन में अगर बिना डॉट के रूप ढेर चलनसार बा तब अइसहीं लिखल जाए के चाहीं; यू.एस. ना बलुक यूएस, (एही तरे, यूके आ सीबीआई वगैरह)।
  • जिनहन के उच्चारण एक शब्द के रूप होला, उनहन के उच्चारण लिखीं अलग-अलग अच्छर ना; यूनेस्को लिखल जाय न कि यूएनईएससीओ भा यू.एन.ई.एस.सी.ओ.।
  • ब्यक्ति के नाँव छोट रूप में लिखत समय हमेशा डॉट के प्रयोग आ बीच में स्पेस दिहल जाय ई जरूरी बा; ए. पी. जे. अब्दुल कलाम सही बा, एपीजे अब्दुल कलाम भा ए.पी.जे. अब्दुल कलाम ना लिखल जाई।

तिरछा अच्छर संपादन करीं

जोर देवे खातिर संपादन करीं

मोट अच्छर के प्रयोग बात पर जोर देवे खातिर ना इस्तेमाल होखे के चाहीं। एकरे बदले कौनो शब्द पर जोर देवे खातिर ओके तिरछा अच्छर में लिखल जा सकेला, हालाँकि, अइसन भी यथासंभव बहुत जदा-कदा करे के चाहीं, एकरे ज्यादा इस्तेमाल से जवना बात सभ पर जोर दिहल जा रहे ऊ महत्व खतम हो जाला। आदर्श रूप में <em>शब्द</em> या फिर {{em|शब्द}} के इस्तेमाल करीं, एकरे जगह ''शब्द'' लिख के तिरछा मत बनाईं: टीका लगवावल बेमारी से बचाव हऽ ई इलाज {{em|ना}} हवे।। एकरे इस्तेमाल से जोर दिहल जाए वाला शब्द के पढ़े वाला अपना पसंद के सेटिंग के अनुसार देख सके ला।[1]

टाइटिल संपादन करीं

कौनों रचना जइसे कि किताब, फिलिम (लघु फिलिम), पंफलेट, टीवी सीरियल, परदर्शनी (जेकर नाँव होखे), कंप्यूटर आ बीडियोगेम (अउरी कौनों सॉफ्टवेयर ना), म्यूजिक एल्बम, आ पेंटिंग सभ के टाइटिल तिरछा अच्छर में रखल जाय। लेख, किताब के अध्याय, गीत, टीवी एपिसोड, रिसर्च पेपर वगैरह के नाँव कोटेशन चीन्हा के भीतर रखल जाला तिरछा ना कइल जाला। कुछ बहुत प्रचलित किताब जइसे (गीता, बाइबिल, कुरआन) वगैरह के एह रीति में लिखले के जरूरत ना बा।

शब्द के रूप में शब्द संपादन करीं

जहाँ कौनों शब्द के ओह शब्द के रूप में बात हो रहल होखे, मने की आप ओह शब्दवे के बारे में कुछ बतावे खातिर ओकर इस्तेमाल करत होखीं, तहाँ ऊ तिरछा अच्छर में लिखल जाय।

बिदेसी शब्द संपादन करीं

दूसरा भाषा के शब्द के तिरछा अच्छर में लिखल जाए के चाहीं अगर ऊ भोजपुरी में भी चलन में न होखे। एकर मतलब ई नइखे कि अमेरिका, जर्मनी, यूनेस्को नियन शब्दन के तिरछा अच्छर में लिखे के जरूरत बा, हँऽ जहाँ जर्मनी के जर्मन नाँव डायचेविले लिखे के होखे तब ओकरा के तिरछा अच्छर में लिख जाय।

बैज्ञानिक नाँव संपादन करीं

जानवर आ पेड़-पौधा वगैरह के बैज्ञानिक नाँव लिखत समय जाति आ प्रजाति से नीचे के स्तर पर उनहन के नाँव तिरछा अच्छर में लिखल जाय: निलंबो न्यूसीफेरा भा लियो डोमेस्टिका वगैरह। जाति से ऊपर के नाँव जइसे कि बंस भा कुल वगैरह के अगर भोजपुरी शब्द में लिखल जा रहल होखे तब तिरछा अच्छर में लिखे के जरूरत नइखे, अंग्रेजी भा बैज्ञानिक नाँव लिखल जा रहल बा तब ऊ तिरछा अच्छर में रही: तीतरबंसी के जहाँ फैसिअनिडाई लिखे के होखे; फ्लेमिंगो सीधे लिखल जा सके ला काहें की ई बिदेसी शब्द होखे के बावजूद बैज्ञानिक नाँव ना हऽ बलुक कॉमन नाँव हऽ आ एकरे जगह सटीक भोजपुरी शब्द कवनो नइखे, जबकि मोर के पीकॉक लिखे के होखे तहाँ पीकॉक तिरछा अच्छर में रही।

कोटेशन (उद्धरण) संपादन करीं

कौनों भी कोटेशन के तिरछा अछर में ना लिखल जाला बलुक कोटेशन चीन्हा लगा के लिखल जाला। हँऽ अगर ओह कोटेशन के मूल रूप में कवनो हिस्सा भा शब्द तिरछा अच्छर में लिखल होखे तब ऊ तिरछा कइल जाई।

अगल-बगल के चीन्हा संपादन करीं

कौनों शब्द के तिरछा करत समय ओकरे आस पास आवे वाला बिराम आ प्रश्नवाचक चीन्हा वगैरह के भी तिरछा मत क दीं।

कड़ी तिरछा कइल संपादन करीं

अगर कौनों शब्द विकिकड़ी बनावल जा रहल होखे आ तिरछा भी लिखे के होखे तब नीचे दिहल प्रारूप के पालन करीं:

गलत: [[''कादंबरी'']] पूरा करे से पहिलहीं बाणभट्ट के निधन हो गइल।
सही: ''[[कादंबरी]]'' पूरा करे से पहिलहीं बाणभट्ट के निधन हो गइल।
गलत: [[आइएनएस ''विक्रांत'']] भारतीय जुद्धपोत रहल।
सही: The [[आइएनएस विक्रांत|आइएनएस ''विक्रांत'']] भारतीय जुद्धपोत रहल।

विराम चीन्हा संपादन करीं

विराम चीन्हा आ अउरी संबंधित बिसेस चीन्हा सभ खातिर अंगरेजी विकिपीडिया के संगत दिसानिर्देस देखल जा सके ला।

तारीख आ टाइम संपादन करीं

दिन के टाइम संपादन करीं

टाइम के आमतौर पर गिनती में लिखल जाला शब्द में ना। हालाँकि, खाली घंटा में टाइम बतावल जा रहल होखे तब शब्दो में लिखल जा सके ला। जइसे कि बारह बजे, चाहे 12 बजे। मिनट वाला खंड भी लिखे के होखे तब हमेसा गिनती के अंक में लिखल जाय।

  • अंग्रेजी में am/pm भा a.m./p.m. के इस्तेमाल होला जबकि एहिजे भोजपुरी में एकरा खाती भोर, सबेरे, दिन, साँझ, आ रात नियर शब्द के साथ लिखे के चाहीं जइसे कि 2:30 बजे दिन 7:30 बजे सबेरे। am/pm के हिंदी अनुबाद पूर्वाह्न/अपराह्न ना लिखल जाए के चाहीं।
  • जरूरत पड़े पर 24 घंटा वाला रूप कुछ जगहन पर लिखल जा सके ला। जइसे कि 20:30 बजे, हालाँकि, एकरा के सैकड़ा के रूप में लिखे वाला तरीका से ना लिखल जाए के चाहीं जइसे हवाईअड्डा वाला 1800 h लिखे लें।

तारीख संपादन करीं

  • तारीख के पूरा प्रारूप 10 जनवरी 2020 होखे के चाहीं। एकरा के 10 जनवरी, 2020 (महीना के नाँव के आगे कॉमा लगा के) भा जनवरी 10, 2020 (अमेरिकी अंगरेजी इस्टाइल में) ना लिखल जाए के चाहीं।
  1. Ishida, Richard (2015). "Using b and i tags". W3C Internationalization. World Wide Web Consortium. Retrieved 1 सितंबर 2016.