विक्स.कॉम लि. (उच्चारण: विक्स डॉट कॉम लिमिटेड; अंग्रेजी: Wix.com Ltd.) एगो इजराइली सॉफ्टवेयर कंपनी बा जे क्लाउड-आधारित वेब डेवेलपमेंट के सर्विस उपलब्ध करावे ला। ई अपना यूजर लोग के एचटीएमएल5 वेबसाइट आ मोबाइल साइट बनावे के सुबिधा देला आ एह सुबिधा सभ में सभसे आसानी के बात ई बाटे कि अइसन साइट बनावे खातिर इहाँ ड्रैग-एंड-ड्रॉप (घींची-आ-छोड़ीं) औजार मौजूद बाड़ें। एकरे हेडक्वार्टर आ औरी ऑफिस सभ जे इजराइल में बाड़ें, उनहन के अलावा ब्राजील, कनाडा, जर्मनी, भारत, आयरलैंड, लिथुआनिया, अमेरिका आ युक्रेन में एकर ऑफिस बाड़ें।

Wix.com Ltd.
प्रकार
Public company
टिकर चीन्हाNASDAQWIX
इंडस्ट्रीInternet
स्थापित2006; 18 years ago (2006)
संस्थापकAvishai Abrahami
Nadav Abrahami
Giora Kaplan
मुख्यालयTel Aviv, Israel
सेवा के एरिया
Worldwide
प्रमुख लोग
Mark Tluszcz (Chairman)
Avishai Abrahami (CEO)
प्रोडक्टOnline services for stores, bookings, hotel, restaurants, video, music, shoutout, answers, logo maker
सेवाWebsite builder, Business Management, Web hosting service
वेबसाइटwww.wix.com

एह सुबिधा के इस्तेमाल करे वाला यूजर लोग अपना वेबसाइट सभ पर सोशल प्लगिन, ई-कामर्स, ऑनलाइन मार्केटिंग, कांटैक्ट फारम, ई-मेल मार्केटिंग आ कम्युनिटी फोरम नियर चीज जोड़ सकत बा। अइसन सुबिधा सभ खातिर खुद विक्स के डेवलप कइल आ बाहरी थर्ड-पार्टी सभ के डेवलप कइल एप्लीकेशन मौजूद बाड़ीं। विक्स के ई वेबसाइट बिल्डर खुद फ्रीमियम बिजनेस मॉडल पर बनल बाटे जे आपन कमाई प्रीमियम अपग्रेड सभ के जरिये करे ला; मतलब ई कि कुछ बेसिक सुबिधा फिरी में उपलब्ध करावे ला आ अउरी बेसी सुबिधा चाहे वाला यूजर लोग के प्रीमियम चीज उपलब्ध करा के उनहन लोग से पइसा कमाला।

इहो देखल जाय संपादन करीं