विलिवाव

पहाड़ी समुंद्र तीरे से समुंद्र के ओर होखे वाला हवा के अचानक ब्लास्ट वाली कैटाबेटिक हवा

विलिवाव (अंग्रेजी: Williwaw,[1][2][3] पुराना हिज्जे: williwau), मौसम बिज्ञान में, अचानक कौनों पहाड़ी समुंद्र तीरे से समुंद्र के ओर होखे वाला हवा के ब्लास्ट के कहल जाला। एह शब्द के उत्पत्ती के बहुत जानकारी नईखे; हालाँकि, ई शब्द ब्रिटिश नाविक लोग 19वीं सदी के शुरुआत से क रहल बाटे।

लोकल हवा के रूप में दू गो जगह अइसन बाड़ीं जहाँ ई विलिवाव हवा चलें लीं: अल्यूशियन दीप समूह के लगे अलास्का के ओर से आ मैगलेन जलजोड़ (दक्खिन अमेरिका आ अंटार्कटिका के बीचा में) के लगे। अलास्का में एकरा खातिर आउटफ्लो विंडस्क्वामिश विंड नाँव से भी जानल जाला। तीसरे जगह, ग्रीनलैंड के लगे एकरा के पिटेराक के नाँव से जानल जाला।[4]

विलिवाव ठंढा हवा के पहाड़ी ढाल से अचानक नीचे धँसके से उत्पत्ती होखे ला आ एह तरीका से एकरा के एगो कैटाबैटिक हवा मानल जाला।[2]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Definition of WILLIWAW". merriam-webster.com (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.
  2. 2.0 2.1 "Wind of the World: Williwaw | weatheronline.co.uk". weatheronline.co.uk. Retrieved 30 अप्रैल 2022.
  3. Borneman, Elizabeth (1 फरवरी 2016). "Williwaw, a Colloquial Word for Katabatic Wind". Geography Realm.
  4. "Piteraqs: Downslope wind storms in southeast Greenland". www.eskp.de (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.

बाहरी कड़ी संपादन करीं