अंटार्कटिका: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर
अंग्रेज़ी से अनुवाद कइके भूमिका लिखल गइल |
(कौनों अंतर नइखे)
|
03:41, 23 जून 2015 तक ले भइल बदलाव
अंटार्कटिका या अंटार्टिका (Antarctica /æntˈɑːrktɪkə/ ( सुनल जाय) या /æntˈɑːrtɪkə/)[नोट 1] पृथ्वी के सभसे दक्खिनी महादीप बा, जेवना पर दक्खिनी ध्रुव स्थित बाटे। ई लगभग पूरा का पूरा अंटार्कटिक वृत्त की दक्खिन ओर स्थित बाटे आ चारों ओर से दक्खिनी महासागर से घेराइल बाटे। ई दुनियाँ के पाँचवा सभसे बड़हन महादीप हवे आ क्रम से एशिया, अफिरका, उत्तरी अमेरिका आ दक्खिनी अमेरिका की बाद आवेला। एकर कुल एरिया १४० लाख बर्ग किलोमीटर बाटे। एकर ९८% हिस्सा बरफ से तोपाइल रहेला जौना के औसत मोटाई १.९ किलोमीटर बा।[3]
अंटार्कटिका दुनिया के सभसे ठंढा, सूखा आ सभसे तेज हवा वाला महादीप ह आ एकर औसत ऊँचाई बाकी कुल महादीपन ले ढेर बाटे।[4] अंटार्कटिका में वर्षण बहुत कम होला आ खाली किनारा वाला इलाका में होला एही से एके रेगिस्तान मानल जाला।[5] इहाँ के तापमान −89 °C (−129 °F) ले रेकार्ड कइल जा चुकल बाटे। इहाँ खराब मौसम दशा की कारण केहू आदमी हमेशा खातिर नइखे बसल आ खाली बैज्ञानिक रिसर्च करे खातिर इहाँ लोग रहेला। इहाँ की जीव बिबिधता में गिनावल जाय त कुछ एल्गी, बैक्टीरिया, फंगस, पौधा आ कुछ बहुत छोट जानवर जइसे कि दीमक, नेमाटोड आ पेंग्विन पावल जालें। जहाँ कहीं बनस्पति मिलेला ऊ टुंड्रा प्रकार के होला।
ए महादीप के खोज सभसे पहिले एगो रूसी अभियान में फैबियन बेलिंग्सहॉउसेन (Fabian Gottlieb von Bellingshausen) आ मिखाइल लाजरेव (Mikhail Lazarev) नाँव के अभियानी लोग सन् १८२० में कइल।
अंटार्कटिका अंतर्राष्ट्रीय क़ानून की अन्दर कौनों एगो देस के संपत्ति ना हवे आ एकर खाली रिसर्च आ ज्ञान बिग्यान खातिर देस सभ उपयोग करे ला। अंटार्कटिका समझौता (Antarctic Treaty System) सन् १९५९ में साइन भइल रहे आ ई कौनों तरह के मलेटरी गतिविधि आ परमाणु बिस्फोट या परमाणु कचरा के फेंकले के पुरा प्रतिबन्ध लगावेला। समझौता पर अबले कुल ५० गो देस दस्खत कइ चुकल बाड़ें जौना में भारत भी बाटे।
टिप्पणी
संदर्भ
- ↑ Crystal, David (2006). The Fight for English. Oxford University Press. p. 172. ISBN 978-0-19-920764-0.
- ↑ Harper, Douglas. "Antarctic". Online Etymology Dictionary. Retrieved 23 जून 2015.
- ↑ British Antarctic Survey. "Bedmap2: improved ice bed, surface and thickness datasets for Antarctica" (PDF). The Cryosphere journal: 390. Retrieved 23 जून 2015.
- ↑ National Satellite, Data, and Information Service. "National Geophysical Data Center". Government of the United States. Archived from the original on 13 जून 2006. Retrieved 23 जून 2015.
{{cite web}}
: Unknown parameter|deadurl=
ignored (help)CS1 maint: multiple names: authors list (link) - ↑ Joyce, C. Alan (18 January 2007). "The World at a Glance: Surprising Facts". The World Almanac. Archived from the original on 4 मार्च 2009. Retrieved 23 जून 2015.
{{cite web}}
: Unknown parameter|deadurl=
ignored (help)