नोटोकॉर्ड: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

सगरी कार्डेट सभ के एम्ब्रायो अवस्था में पावल जाए वाला लमहर अंग जेकरे जगह बाद में रीढ़ के हड्डी ले
Content deleted Content added
नया आधार लेख
(कौनों अंतर नइखे)

19:04, 5 जनवरी 2016 तक ले भइल बदलाव

नोटोकॉर्ड (अंग्रेजी: Notochord) कुछ जानवरन के शरीर में पावल जाए वाली लचकदार डंडी नियर चीज होला जवन कार्टिलेज के समान पदार्थ के बनल होला। यानि ई हड्डी से कम कड़ा होला बाकी मशल्स से ढेर मजबूत आ कम लचकदार होला। ई कपार से पूँछ की ओर के लंबाई में शरीर के अन्दर पावल जाला।

कुछ जानवरन के शरीर में ई पूरा उमिर भर रहे ला आ कुछ के जीवन-चक्र के कौनों हिस्सा भर में। जवना जानवर के शरीर में नोटो कॉर्ड पावल जाला ऊ जानवर कार्डेटा संघ में गिनल जाला।