चंदन

महकदार लकड़ी वाला पेड़ सभ के जाति जेह में कई गो प्रजाति सामिल बाड़ी

चंदन (ठेठ उच्चारण: च'नन) चाहे चंदन के लकड़ी (अंग्रेजी: Sandalwood, सैंडलवुड ) एक किसिम के लकड़ी हवे जे सैंटलम जाति (चंदन गाछ) के पौधन आ फेड सभ से मिले ला।[1] ई लकड़ी वजनदार, पियाराहूँ आ महीन कन वाली होखे ले आ बाकी महकदार लकड़ी सभ के बिपरीत एकर महक दसन साल ले बनल रहे ला। एही लकड़ी से चंदन के तेल निकालल जाला। एकरा के दुनियाँ के सभसे महँग लकड़ी मानल जाला। लकड़ी आ एकरे तेल दुनों के महक बहुत खास होखे ला आ कई सदी से ई एही खातिर एतना कीमती हवे। एकर खराब परिणाम ई बा कि बहुधा फेड के पुरहर होखे से पहिलहीं काट लिहल जाला जे एक किसिम के ओभरहार्वेस्टिंग हवे।

Santalum paniculatum (ʻiliahi), Hawaiʻi

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "sandalwood | plant | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 25 अप्रैल 2022.