भारतीय चंदन

चंदन फेड़ के एगो प्रजाति जे दक्खिनी भारत आ दक्खिन-पूर्ब एशिया के मूल पौधा हवे

भारतीय चंदन (अंग्रेजी: Indian sandalwood; बैज्ञानिक नाँव: सैंटलम एल्बम, Santalum album ) चंदन जाति के पौधन आ पेड़ सभ के भारतीय प्रजाति हवे। ई छोटहन साइज के गरम जलवायु वाला एगो फेड़ होखे ला आ ई चंदन अर्क भा चंदन के तेल के प्राकृतिक आ परंपरागत स्रोत हवे। ई दक्खिन भारत आ दक्खिनपूर्ब एशिया के मूल पौधा हवे।

भारतीय चंदन
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: प्लेंटाई
(Plantae)
क्लैड (Clade): एंजियोस्पर्म
(Angiosperms)
क्लैड (Clade): यूडिकॉट्स
(Eudicots)
ऑर्डर (Order): Santalales
परिवार: Santalaceae
जाति (Genus): Santalum
प्रजाति: S. album
दूपद नाँव
Santalum album
L.

हिंदू धर्म में पबित्र मानल जाला आ अउरियो कई संस्कृति सभ में एकरे गमक के खास अस्थान दिहल जाला। एकर लकड़ी कई दशक ले महके ले। ई लकड़ी बहुत महँग होखे ले जेकरा चलते एकर डिमांड बहुत बा आ एही कारन एकर जरूरत से बेसी कटाई होखल एगो समस्या बाटे; साथे-साथ अबैध रूप से एकर कटाई, तस्करी आ बिक्री समस्या बाटे। एकरे कारण मूल जंगल सभ में एह प्रजाति पर खतरा मेंड़रा रहल बाटे। पौधा के उमिर बहुत होखे ले बाकिर ई कटाई जोग भी कई सालन के बाद होखे ला। बहुधा एकर पौधा के पुरहर फेड़ होखे से पहिलहूँ गलत तरीका से काट लिहल जाला जेकरा चलते एपर खतरा बा।

एह चंदन के तेल भा अर्क के दवाई, कास्मेटिक के सामान, आ पूजा पाठ आ पकवान बनावे के सामग्री के रूप में इस्तेमाल होखे ला।[2]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Arunkumar, A.N.; Dhyani, A.; Joshi, G. (2019). "Santalum album". खतरा में प्रजाति सभ के आइयूसीएन लाल सूची. 2019: e.T31852A2807668. doi:10.2305/IUCN.UK.2019-1.RLTS.T31852A2807668.en. Retrieved 12 November 2021.
  2. Kapoor LD (2001). Handbook of Ayurvedic Medicinal Plants. Herbal Reference Library Series. Vol. 2. Boca Raton, Florida: CRC Press. ISBN 9780849329296.