वेब सीरीज (अंग्रेजी: web series) चाहे वेब शो (web show) अइसन प्रोग्राम होखे लें जिनहन के वेब पर प्रसारित कइल जाला। आमतौर पर ई कई एपिसोड वाला होखे लें आ कई एपिसोड के कई सीजन वाला भी हो सके लें। इनहन के सुरुआत 1990 के दशक में भइल आ 2000 के दशक में बेहतर पहिचान आ पापुलरिटी मिलल। ई स्ट्रीमिंग टेलीविजन से अलग होखे लें, जिनहन के कई किसिम के स्ट्रीमिंग प्लेफार्म सभ पर देखल जा सके ला।