शुजात ख़ान
शुजात हुसैन ख़ान (19 मई 1960) एगो भारतीय सितार बजवइया आ गायक बाड़ें। ई इमदादख़ानी घराना के संगीतकार हवें आ गायकी अंग के सितार बजावे लें जेह में सितार के माध्यम से मानवीय आवाज आ गायकी के उतारे के कोसिस होला। साथे-साथ ई ख़ुद गायनो करे लें।
Shujaat Husain Khan | |
---|---|
सामान्य जानकारी | |
जनम | Kolkata, West Bengal, India | 19 मई 1960
बिधा | Hindustani classical music |
पेशा सभ | composer, musician |
साज | sitar |
सक्रियता | 1972–present |
वेबसाइट | shujaatkhan.com |
इनका कई गो एल्बम रिकार्ड हो चुकल बाड़ें। एक बेर इनका के ग्रेमी अवार्ड खाती भी नामांकित कइल जा चुकल बा जेह में ई ईरानी संगीतकार के साथे संजुक्त रूप से नामांकित रहलें।
संदर्भ
संपादन करींई लेख केहू गायक या गायिका पर एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |