शुभी शर्मा एक तो भारतीय एक्ट्रेस बाड़ी जे मुख्य रूप से भोजपुरी सिनेमा में सक्रिय बाड़ी।[1][2] शुभी के उनके 2008 के फिलिम चलनी के चालल दूल्हा खातिर जानल जाला जेह में ऊ दिनेश लाल यादव "निरहुआ" के सोझा काम कइली आ एह फिलिम में अपने रोल खातिर इनके 5वाँ भोजपुरी फिलिम अवार्ड्स में बेस्ट डेब्यू के इनाम मिलल।[3]

शुभी शर्मा
Born
Occupationsएक्ट्रेस, टीवी प्रस्तुतकर्ता, मॉडल
Years active2008–वर्तमान


एक्टिंग कैरियर

संपादन करीं

शर्मा आपन एक्टिंग कैरियर के सुरुआत 2008 के फिलिम चलनी के चालल दुलहा से कइली जेह में ऊ निरहुआ के बिपरीत हिरोइन रहली। इनके अन्य उल्लेख जोग फिलिम सभ में आज के करन अर्जुन दिनेश लाल यादव के साथ, भइया के साली ओढ़निया वाली पवन सिंह के साथ, संतान रवि किशन के साथ, आ छपरा एक्सप्रेस खेसारी लाल यादव के साथ रहल बा।[4]

सन 2015 में जॉन अब्राहम के फिलिम वेलकम बैक में एक ठो मशहूर गाना "मैं बबली हुई तू बंटी हुआ..." में शर्मा जॉन के साथ डांस करत लउकली आ उनके डांस के तारीफ भी भइल।[5]

मशहूर हिंदी फिलिम राम लखन के भोजपुरी में बन रहल एही नाँव के रीमेक में शर्मा के काम करे के खबर बा।[6]

बीछल फिल्मोग्राफी

संपादन करीं
साल फिलिम भाषा
2008 चलनी के चालल दुलहा भोजपुरी
2010 भइया के साली ओढ़निया वाली भोजपुरी
2011 संतान भोजपुरी
2013 दूल्हे राजा भोजपुरी
2013 छपरा एक्सप्रेस भोजपुरी
2014 भोजपुरिया दिल की धड़कन भोजपुरी
2016 दुल्हन चाही पकिस्तान से भोजपुरी

इहो देखल जाय

संपादन करीं
  1. "भोजपुरी एक्ट्रेस शुभी शर्मा". दैनिक भास्कर. 4 अगस्त 2012. Retrieved 22 फरवरी 2014. {{cite news}}: Italic or bold markup not allowed in: |newspaper= (help)
  2. "Shubhi's the formula for hit films" [शुभी शर्मा बाड़ी हिट फिलिम के फार्मूला]. दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 11 जून 2013. Retrieved 17 मार्च 2014. {{cite news}}: Italic or bold markup not allowed in: |newspaper= (help)
  3. 5वाँ भोजपुरी फिलिम अवार्ड्स
  4. "List of movies". बॉलीवुड हंगामा. Archived from the original on 2014-02-28. Retrieved 22 फरवरी 2014. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  5. "जॉन इब्राहम की बबली शुभी शर्मा". bhojpurixp.com (हिंदी में). Archived from the original on 2016-10-23. Retrieved 20 फरवरी 2017.
  6. "लखन की धनुष बनी ड्रीम गर्ल अभिनेत्री शुभी शर्मा". bhojpurimahfil.in. 12 जुलाई 2016. Retrieved 20 फरवरी 2017.[मुर्दा कड़ी]