शेरधन राई नेपाल के एगो राजनीतिज्ञ आ राजनीतिक नेता हवन। उहाँ के वर्तमान में कोशी प्रदेश, पूरबी नेपाल में स्थित एगो प्रदेश के मुख्यमंत्री बानी। उहाँ के 2रका नेपाली संविधान सभा के सदस्य भी रहल बानी। उहाँ के नेपाली संविधान सभा के निर्वाचन, 2013 में नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी-लेनिनवादी) पार्टी की ओर से भोजपुर–2 सीट जीतले रहनी।[1][2][3]. उहाँ के प्रदेश संख्या 1 के संसदीय पार्टी नेता बानी आ 9 फरवरी, 2018 के संसदीय पार्टी नेता के रूप में चुनल गइल रहनी।[4] राई कोशी प्रदेश के मुख्यमंत्री के तवर पे 14 फरवरी 2018 के चुनल गइनी।[5] उहाँ के पहिले सूचना आ संचार मंत्री रह चुकल बानी। उहाँ के नेपाल के संविधान के धारा 168(1) के तहत मुख्यमंत्री पद पर निर्वाचित भइनी।[5]

शेरधन राई
1लका प्रदेश संख्या 1 के मुख्यमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
14 फरवरी 2018
इनसे पहिलेखुदे
सूचना आ संचार मंत्रालय (नेपाल)
इनसे पहिलेमिनेन्द्र रिजाल
इनके बादराम कार्की
कार्यकाल
5 नवम्बर 2015 – 14 अगस्त 2016
निजी जानकारी
जनम23 फरवरी 1971
पसलभन्जयांग, थिदिंखा, भोजपुर, नेपाल
राजनीतिक पार्टीनेकपा (माले)
प्रोफेशनराजनीतिज्ञ

पहिले के जिनगी संपादन करीं

श्री शेरधन राई जी के जनम पसलभञ्ज्याङ, थिन्दिंखा (भोजपुर जिला) जवन पहिले नेपाल के पूर्वांचल विकास क्षेत्र में पड़त रहल में एगो किसान परिवार के घर में भइल रहल। उनकर माता-पिता के नाम श्री जागीरमान राई आ श्रीमती राम्री माया राई ह। उनके पिता जी पंचायत काल में गांव के मुखिया पद पर निर्विरोध तीन बार चुनल गइले। नेपाल में लोकतंत्र लागू भइला के बाद उहाँ के दु बार गांव के मुखिया पद पर निर्विरोध चुनल गईनी।[6]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "MyRepublica :: Election Special". MyRepublica.com. Retrieved 1 August 2014.
  2. "Nepalnews.com - News from Nepal as it happens :: Elected Members". Nepalnews.com. Archived from the original on 14 July 2014. Retrieved 1 August 2014.
  3. "Election Candidate - Sher Dhan Rai". Ujyaaloonline.com. Archived from the original on 24 August 2017. Retrieved 1 August 2014.
  4. "Sherdhan Rai elected as CPN-UML PP leader". The Himalayan Times. Retrieved 9 February 2018.
  5. 5.0 5.1 "Sherdhan Rai elected CM of Province 1". kathmandupost.ekantipur.com. 14 February 2018. Retrieved 15 February 2018.
  6. "Interview with Sherdhan Rai". ecanadanepal.com. 22 April 2016. Retrieved 15 February 2018.