पूर्वांचल विकास क्षेत्र, नेपाल
पूर्वांचल विकाश क्षेत्र नेपाल के पाँचों विकास क्षेत्र में से एगो विकास क्षेत्र ह। ई नेपाल के सबसे पूर्व में स्थित बा। ई का पूर्व में भारत के सिक्किम आ पश्चिम बंगाल के दार्जीलिंग तथा पश्चिम में नेपाल के मध्यांचल आ उत्तर में चीन के तिब्बत आ दक्षिण में भारत के बिहार स्थित बा। पूर्वांचल के मुख्यालय धनकुटा में स्थित बा। पूर्वांचल में 3 गो अंचल आ 16 गो जिला बा।
पूर्वांचल विकास क्षेत्र (पूर्वाञ्चल) | |
क्षेत्र | |
बरसात के दिनवन में धनकुटा के एगो दृश्य
| |
देस | नेपाल |
---|---|
अंचल | कोशी, मेची, सगरमाथा |
मुख्यालय | धनकुटा |
ऊँच बिंदु | Mount Everest |
- ऊँचाई | 8,848 मी (29,029 फीट) |
निचला बिंदु | Kechana Kalan |
- ऊँचाई | 60 मी (197 फीट) |
रकबा | 28,456 किमी2 (10,987 वर्ग मील) |
जनसंख्या | 5,811,555 (2011) [1] |
जनघनत्व | 204/किमी2 (528/वर्ग मील) |
टाइमजोन | NPT (UTC+5:45) |
ISO 3166-2 | NP-4 |
पूर्वांचल क्षेत्र के अवस्थिती
|
ई क्षेत्र नेपालके तीसरा सबसे बड़ा विकास विकास क्षेत्र ह लेकिन जनसंख्या के हिसाब से नेपाल के दुसरका सबसे बड़ा जनसंख्या वाला विकास क्षेत्र ह। ई क्षेत्र के क्षेत्रफल 28,456 किमी2 (10,987 वर्ग मील) बा आ जनसंख्या औसत 5811555 ब्यक्ति बाड़ें। ई क्षेत्र के जनसंख्या घनत्व 204.2 व्यक्ति/किमा2 बा।
पारिस्थितीक रुप से ई क्षेत्र तीन भाग में बाँटल जा सकत बा: पर्वत, पहाड़ आ तराई। ई क्षेत्र के तथा पुरा विश्व के सबसे ऊँचा पर्वत एवरेष्ट जे के नेपाली में सगरमाथा कहल जायेला, एहि क्षेत्र में स्थित बा। ई सगरमाथा अञ्चल के सोलुखुम्बु जिला मे पड़ेला।
पूर्वाञ्चल क्षेत्र में सब से प्रमुख नदीयन में कोशी नदी पड़ेला जवन कि गंगा के सहायक नदी ह आ मेची नदी बा जवन महानन्दा नदी के सहायक नदी ह। नेपाल के बड़की नदी प्रणाली ह कोशी नदी आ एकर सबसे ऊँचा झरना प्रपात ह्यात्रुंग झरना नेपाल के तेह्रथुम जिला मे स्थित बा।[2] ह्यात्रुंग झरना प्रपात (27°14′17″N 87°33′46″E / 27.23806°N 87.56278°E) 365 मी (1,198 फीट) ऊँचा बा।
ई क्षेत्रजैव विविधता में धनी मानल जायेला, उदाहरणस्वरुप नेपाल में 31 प्रकार के गुराँस पावल जायेला जे में से 28 प्रकार के गुराँस तीनजुरे-मिल्के-जल्जले (पूर्वांचल) क्षेत्रवे में खाली पावल जायेला।[2]
शहर
संपादन करींई क्षेत्र के प्रमुख शहर कुल बाड़ें बिराटनगर, धरान, धनकुटा, इटहरी, राजबिराज, बिर्तामोड आ दमक. अन्य शहर कुल बाड़ें नाम्चे बजार (एवरेष्ट पर्वत के नियरे बेस कैम्प के लगे), गाईघाट, लहान, ईलाम, इत्यादी।
विभाजन
संपादन करींपूर्वांचल में मेची अंचल, कोशी अंचल आ सगरमाथा अंचल 3 गो अंचल पड़ेला आ 16 गो जिला बाड़ें।
विकाश क्षेत्र | अंचल कुल | जिला कुल |
---|---|---|
पूर्वांचल विकाश क्षेत्र | मेची अंचल | • इलाम जिला • झापा जिला • पाँचथर जिला • ताप्लेजुंग जिला |
कोशी अंचल | • भोजपुर जिला • धनकुटा जिला • मोरंग जिला • संखुवासभा जिला • सुनसरी जिला • तेह्रथुम जिला | |
सगरमाथा अंचल | • खोटांग जिला • ओखलढुंगा जिला • सप्तरी जिला • सिराहा जिला • सोलुखुम्बु जिला • उदयपुर जिला |
देखल जाव
संपादन करींई नेपाल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
- ↑ "National Population and Housing Census 2011" (PDF). Central Bureau of Statistics. Kathmandu, Nepal. नवंबर 2012. Archived from the original (pdf) on 2019-01-07. Retrieved 12 अक्टूबर 2013.
- ↑ 2.0 2.1 "An overview of the Eastern Region of Nepal" (pdf). Biratnagar, Nepal: United Nations Nepal Information Platform. 14 मार्च 2013. Retrieved 26 अक्टूबर 2013.