श्लोक (भोजपुरी उच्चारण बहुधा: अस्लोक) संस्कृत में रचल कौनहूँ कबिता के कह दिहल जाला। हालाँकि, बिसेस रूप से चिन्हित करे पर ई अनुष्टुप छंद के नाँव हवे जेह में आठ-आठ मात्रा के चार गो चरण होखे लें। ई वैदिक अनुष्टुभ् छंद से निकलल हवे हालाँकि ओकरा ले कुछ भिन्न हवे। ई बहुत पॉपुलर छंद हवे आ संस्कृत साहित्य के सभसे बेसी चलन के छंद मानल जा सके ला। एकर एगो अउरी दूसर नाँव पद्य हवे, हालाँकि, इहो आमतौर प कौनहूँ कबिता नियर रचना के कह दिहल जाला।

कई गो बहुत महत्व वाला ग्रंथ सभ के रचना एह छंद में भइल बा आ बहुत सारा कबी लोग अपना रचना सभ में बीच-बीच में एकर इस्तमाल कइले बाटे। महाभारत के हिस्सा मानल जाए वाली आ हिंदू धर्म में बहुत महत्व के पुस्तक मानल जाए वाली श्रीमद्भगवद्गीता एही छंद में रचल गइल हवे। सत्यनारायण के कथा एही श्लोके छंद में लिखल गइल हवे।

उदाहरण संपादन करीं

धर्मक्षेत्रे कुरुक्षेत्रे समवेता युयुत्सवः।
ममाकाः पाण्डवाश्चैव किमकुर्वत सञ्जय॥

— गीता, अध्याय 1, श्लोक 1

संदर्भ संपादन करीं