संगमरमर

नॉन-फोईलेटेड मेटामार्फिक चट्टान जेकर इस्तेमाल कलाकृति बनावे आ बिल्डिंग मटेरियल के रूप में होला

संगमरमर चाहे मार्बल (अंग्रेजी: marble) एक किसिम के रवेदार मेटामार्फिक चट्टान[1] (कायांतरित चट्टान[2], ताप दाब से जेकरा में बदलाव भइल होखे) होखे ले जे कार्बोनेट खनिज सभ के रीक्रिस्टलाइजेशन से बने ले आ सभसे कॉमन रूप में कैल्शियम से बनल कैल्साइट, भा डोलोमाइट होखे ले। मार्बल के टिपिकल रूप बिना फोइलेशन के होला मने एह चट्टान में पत्तर नियर संरचना ना मिले ले हालाँकि एकर अपवादो होखे लें। भूबिज्ञान में मार्बल के इस्तेमाल चूना पत्थर (लाइमस्टोन) से बने वाली मेटामार्फिक चट्टान होखे ला[3] जबकि पाथर के कलाकृति बनावे आ भवन निर्माण में मार्बल भा संगमरमर के इस्तेमाल अउरी ब्यापक अरथ में होखे ला, एह में बिना मेटामर्फोसिस वाला लाइमस्टोन (चूना पाथर) के भी संगमरमर कहल जा सके ला। मार्बल के इस्तेमाल कई किसिम के कलाकृति बनावे, सजावटी सामान बनावे आ बिल्डिंग मटेरियल के रूप में इस्तमाल होखे ला।[1]

संगमरमर
Marble
मेटामार्फिक चट्टान
इटली के कारारा मार्बल (Carrara marble) खदान
कंपोजीशन
अधिकतर कैल्साइट चाहे डोलोमाइट
ताज महल पूरा तरीका से संगमरमर के बनल भवन हवे

नाँव संपादन करीं

 
Carlo Franzoni's sculptural marble chariot clock, the Car of History, depicting Clio, the Greek muse of history.
 
Marble wall of Ruskeala. Republic of Karelia, Russia

अंग्रेजी के शब्द "मार्बल" (marble) के उत्पत्ती प्राचीन यूनानी μάρμαρον (mármaron),[4] से भइल हवे जे μάρμαρος (mármaros) से आइल हवे जेकर मतलब होला, "क्रिस्टलीय चट्टान, चमकदार पाथर" (crystalline rock, shining stone),[5][6] साइद एह में क्रिया के मूल रूप μαρμαίρω (marmaírō) हवे जेकर मतलब होला, "चमकल" (to flash, sparkle, gleam);[7] रॉबर्ट एस. पी. बीक्स के अनुसार एकर यूनानी भाषा से पुरान उत्पत्ती संभव हो सके ला।[8]

उर्दू-हिंदी में शब्द संगमरमर दू गो शब्द संग (पाथर) आ मरमर (चिक्कन) से बनल हवे आ मूल फ़ारसी भाषा से आइल हवे।

भौतिक उत्पत्ती संपादन करीं

संगमरमर एगो चट्टान हवे जे सेडीमेंटरी कार्बोनेट चट्टान सभ के रूपांतरण के परिणाम हवे, बहुधा चूना पत्थर (लाइमस्टोन) भा डोलोमाइट (चट्टान) के रूपांतरण से बने ले। रूपांतरण के कारण मूल कार्बोनेट खनिज दाना सभ के वैरियेबल रीक्रिस्टलाइजेशन होला। एकरे परिणामस्वरूप बनल संगमरमर के चट्टान आमतौर पर कार्बोनेट क्रिस्टल सभ के एक दुसरे से जुड़ल मोज़ेक से बनल होलें। मूल कार्बोनेट चट्टान (प्रोटोलिथ) के प्राथमिक सेडीमेंटरी बनावट आ संरचना सभ के आमतौर पर बदलाव हो जाला चाहे ई पूरा तरीका से बिनष्ट हो जाला।

शुद्ध सफेद संगमरमर बहुत शुद्ध (सिलिकेट-कमी वाला) चूना पत्थर भा डोलोमाइट प्रोटोलिथ के रूपांतरण के परिणाम हवे। कई रंगीन संगमरमर जिनहन में इनके बिसेसता वाला घुमावदार धारी आ नस मिले लीं, सभ आमतौर पर बिबिध खनिज अशुद्धि सभ के कारण होले जइसे कि माटी, गाद, बालू, लोहा के आक्साइड, या चेर्ट जे मूल रूप से चूना पत्थर में दाना भा परत के रूप में मौजूद रहल होखे लीं। हरियर रंग अक्सर सर्पेन्टाइन के कारण होला जे मूल रूप से मैग्नीशियम से भरपूर चूना पत्थर भा सिलिका के अशुद्धि वाला डोलोमाइट के परिणाम हवे। एह बिबिध अशुद्धि सभ के रूपांतरण तेज दबाव आ ताप से मोबिलाइज आ रिक्रिस्टलाइज कइल गइला के परिणाम होला।

प्रकार संपादन करीं

 
The Library of Celsus in Ephesus, Turkey. Turkey is the largest marble exporter in the world.

ऐतिहासिक रूप से महत्व वाली संगमरमर चट्टान आ लोकेशन सभ के लिस्ट नीचे दिहल गइल बाटे:

मार्बल रंग लोकेशन देस
पेंटेलिक मार्बल
(Pentelic marble)[9]
सुच्चा सफ़ेद (pure-white, fine-grained semitranslucent) Mount Pentelicus (Πεντελικό όρος), Attica (Ἀττική) यूनान
क्रियोल मार्बल
(Creole marble)
सफ़ेद आ नीला/करिया Pickens County, Georgia अमेरिका
इटोवाह मार्बल
(Etowah marble)
गुलाबी Pickens County, Georgia अमेरिका
हानबायू मार्बल
(Hanbaiyu marble)
सफ़ेद Quyang County, Hebei चीन
मकराना मार्बल
(Makrana marble)
सफ़ेद मकराना, नागौर जिला, राजस्थान भारत
मर्फी मार्बल
(Murphy marble)
सफ़ेद Pickens and Gilmer Counties, Georgia अमेरिका
नीरो मार्क्वीना
(Nero Marquina marble)
करिया Markina, Spain स्पेन
पारियन मार्बल
(Parian marble)
सुच्चा-सफ़ेद, महीन-रवादार Island of Paros (Πάρος), South Aegean (Νοτίου Αιγαίου) ग्रीस
करारा मार्बल
(Carrara marble)
सफ़ेद चाहे नीला-मटियाहूँ Carrara, Tuscany इटली
रस्कियाला मार्बल
(Ruskeala marble)
सफ़ेद Ruskeala (Рускеала), Karelia (Карелия) के लगे रूस
रस्चीता मार्बल
(Rușchița marble)[10]
सफ़ेद, गुलाबी आभा वाला, ललछाहूँ Poiana Ruscă Mountains, Caraș-Severin County रोमानिया
बिनाको सिवेक
(Bianco Sivec)
सफ़ेद near Prilep (Прилеп), Pelagonia (Пелагониски) उत्तर मैसिडोनिया
स्वीडिश ग्रीन मार्बल हरियर Kolmården, Södermanland के लगे स्वीडेन
साइलकॉगा मार्बल
(Sylacauga marble)
सफ़ेद Talladega County, Alabama अमेरिका
वरमोंट मार्बल
(Vermont marble)
सफ़ेद Proctor, Vermont अमेरिका
यूल मार्बल
(Yule marble)
एक बरोबर सफ़ेद Marble, Colorado के लगे अमेरिका
वूंसीएडेल मार्बल
(Wunsiedel marble)
सफ़ेद Wunsiedel, बवेरिया जर्मनी
प्रोकोंनेसेस मार्बल
(Prokonnesos marble)
सफ़ेद मरमारा दीप, मरमारा सागर तुर्की
वेंकास मार्बल
(Venčac marble)
सफ़ेद Venčac mountain near Aranđelovac सर्बिया

इस्तेमाल संपादन करीं

 
Marble products in Romblon, Philippines
 
Statue of Abraham Lincoln (Lincoln Memorial) made from Georgia Marble in 1920

कलाकृति आ मूर्तीकला संपादन करीं

सफेद संगमरमर के मूर्तिकला में इस्तेमाल खातिर प्राचीन क्लासिकल काल से बहुत महत्व दिहल जाला।[11] एह पसंद के संबंध एकरे कोमलता से बा जेवना से उकेरल आसान हो जाला, सापेक्षिक समरूपता आ एकरूपता (isotropy and homogeneity) के गुण एह में होखे लें आ ई चकनाचूर होखे के सापेक्ष प्रतिरोध वाला होला। साथ ही, कैल्साइट के अपवर्तन के कम सूचकांक के कारण प्रकाश बिखरे से पहिले पत्थर में 12.7 से 38 मिलीमीटर घुस सके ला, एकरे परिणाम के रूप में एह में खास किसिम के मोमी बिसेसता (waxy) आ जाले जवना से कौनों भी तरह के संगमरमर के मूर्ति सभ में सजीव चमक ले आवे ला, एही से अधिकतर मूर्तिकार लोग पसंद कइल करे आ अभी भी मूर्तिकला खातिर संगमरमर पसंद करेलें।[12]

बिल्डिंग मटेरियल संपादन करीं

कन्स्ट्रक्शन संगमरमर अइसन पत्थर हवे जे कैल्साइट, डोलोमाइट भा सर्पेन्टाइन से बनल होला जे पॉलिश लेवे में सक्षम होला।[13] निर्माण में अउरी सामान्य रूप से, खासतौर पर डाइमेंशन स्टोन[नोट 1] के ब्यापार में संगमरमर शब्द के इस्तेमाल कौनों भी क्रिस्टलीय कैल्शियम वाला चट्टान (आ कुछ गैर-कैल्साइटिक चट्टान सभ) खातिर कइल जाला जे बिल्डिंग स्टोन के रूप में उपयोगी होखे। उदाहरण खातिर, टेनेसी संगमरमर वास्तव में एगो घना दानेदार जीवाश्म वाला ग्रे से गुलाबी से मैरून रंग के ऑर्डोविसियन चूना पत्थर हवे, जेकरा के भूबिज्ञानी लोग होलस्टन फार्मेशन कहे ला।

तुर्कमेनिस्तान के राजधानी शहर अशगाबात में 2013 के गिनीज बुक ऑफ रिकार्ड में दर्ज कइल गइल कि दुनिया के सभसे ढेर सफेद संगमरमर के इमारत सभ के कंसंट्रेशन रहल।[15]

Gallery संपादन करीं

नोट संपादन करीं

  1. Dimension stone can be defined as natural rock material quarried for the purpose of obtaining blocks or slabs that meet specifications as to size (width, length, and thickness) and shape.[14]

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "marble | Definition, Types, Uses, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 26 जून 2022.
  2. Mamoria, Dr Chaturbhuj; Garg, H. S. (19 अक्टूबर 2021). भूगोल (Bhugol - Geography) (हिंदी में). SBPD Publicatins. p. 130. Retrieved 26 जून 2022.
  3. Kearey, Philip (2001). Dictionary of Geology, Penguin Group, London and New York, p. 163. ISBN 978-0-14-051494-0
  4. μάρμαρον[मुर्दा कड़ी], Henry George Liddell, Robert Scott, A Greek–English Lexicon, on Perseus Digital Library
  5. μάρμαρος, Henry George Liddell, Robert Scott, A Greek–English Lexicon, on Perseus Digital Library
  6. Marble, Compact Oxford English Dictionary Archived 2021-12-13 at the Wayback Machine. Askoxford.com. Retrieved on 2011-09-30.
  7. μαρμαίρω, Henry George Liddell, Robert Scott, A Greek–English Lexicon, on Perseus Digital Library
  8. R. S. P. Beekes, Etymological Dictionary of Greek, Brill, 2009, p. 907.
  9. Pentelic marble, Britannica Online Encyclopaedia. Britannica.com. Retrieved on 2011-09-30.
  10. "RAPORT DE ȚARĂ. Domul din Milano a fost reconstruit cu marmură de Rușchița". Archived from the original on 2013-05-14. Retrieved 2013-04-18.
  11. PROCEEDINGS 4th International Congress on "Science and Technology for the Safeguard of Cultural Heritage in the Mediterranean Basin" VOL. I (अंग्रेजी में). Angelo Ferrari. p. 371. ISBN 9788896680315. white marble prized for use to make sculptures.
  12. "Marble", Britannica Online Encyclopaedia. Britannica.com.; Clarke, Michael, The Concise Oxford Dictionary of Art Terms, p.148, 2001, Oxford University Press, ISBN 9780192800435
  13. Marble Institute of America pp. 223 Glossary
  14. "Dimension Stone Statistics and Information | U.S. Geological Survey". www.usgs.gov. Retrieved 27 जून 2022.
  15. "Turkmenistan enters record books for having the most white marble buildings | World news". theguardian.com. London. 2013-05-26. Retrieved 2013-11-24.