सरस्वती सुपरक्लस्टर
सरस्वती सुपरक्लस्टर एगो बहुते बिसाल आकार के गैलेक्सी सुपरक्लस्टर बा। आकास के नक्सानवीसी करे खातिर बनावल गइल रिफरेन्स सिस्टम स्लोन सर्वे के पट्टी नं. 82 में मौजूद ई सुपरक्लस्टर मीन नक्षत्र मंडल के दिसा में पड़े ला।[1][2] एकर खोज भारतीय बैज्ञानिक लोग कइल आ हिंदू देवी सरस्वती के नाँव पर एकर नामकरण कइल।[3]
सरस्वती सुपरक्लस्टर | |
---|---|
Observation data (Epoch ) | |
Constellation(s) | मीन |
Distance (co-moving) | 200 मेगापारसेक (652 मेगाप्रकाशवर्ष) |
Binding mass | 4×1015M⊙ may M☉ |
See also: Galaxy groups, Galaxy clusters, List of superclusters |
एह सुपरक्लस्टर में बहुतन गो गैलेक्सी आ गैलेक्सी क्लस्टर बाने आ इनहन से मिल के एह में गैलेक्सी सभ के देवाल नियर बनावट मौजूद बा। एह सुपरक्लस्टर के बिस्तार लगभग 6 अरब प्रकाश वर्ष (600 मिलियन प्रवर्ष या 200 मेगापारसेक) आ एह में कम से कम 43 गो बिसाल-बिसाल गैलेक्सी क्लस्टर मौजूद बाने। ई पृथ्वी से 4,000 मिलियन प्रकाश वर्ष के दूरी पर स्थित बाटे।[4]
खोज
संपादन करींसरस्वती सुपरक्लस्टर के खोज पुणे शहर में मौजूद इंटर-यूनिवर्सिटी सेंटर फॉर एस्ट्रोनामी एंड एस्ट्रोफिजिक्स आ इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ साइंस एजुकेशन एंड रिसर्च के टीम द्वारा फरवरी 2016 खोजल गइल। एह टीम में भारतीय बैज्ञानिक सोमक रायचौधुरी भी सामिल रहलें।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ Bagchi, Joydeep; Sankhyayan, Shishir; Sarkar, Prakash; Raychaudhury, Somak; Jacob, Joe; Dabhade, Pratik (2017). "Saraswati: An Extremely Massive ~ 200 Megaparsec Scale Supercluster".
{{cite arxiv}}
:|arxiv=
required (help) - ↑ "Discovered Saraswati, one of the largest structures in the universe" (स्पैनिश में). El País. 14 जुलाई 2017. Retrieved 14 जुलाई 2017.
- ↑ "भारतीय वैज्ञानिकों ने खोजी आकाशगंगा 'सरस्वती' - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2017-07-15.
- ↑ “Saraswati”- one of the most massive large-scale structures in the Universe discovered
ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |