सर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशन

सर्च इंजन रिजल्ट पन्ना में आपन ऑनलाइन विजिबिलिटी बढ़ावे के काम


सर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशन (search engine optimization), चाहे संछेप में एसईओ (SEO) कौनों वेब सर्च इंजन से कौनों वेबसाइट चाहे वेबपन्ना पर आवे वाला ट्रैफिक के क्वालिटी आ मात्रा के बेहतर बनावे आ बढ़ावे के तरीका हवे।[1] एसईओ अइसन ट्रैफिक के टारगेट करे ला जे बिना कौनों किसिम के भुगतान के हासिल होखे (अइसन ट्रैफिक के तकनीकी भाषा में नैचुरल चाहे ऑर्गेनिक ट्रैफिक कहल जाला), एकर निशाना ऑनलाइन बिज्ञापन आ परचार से हासिल होखे वाला (भुगतान क के पावल जाए वाला पेड ट्रैफिक) ना होखे ला। बिना कौनों किसिम के भुगतान वाला ऑर्गेनिक ट्रैफिक कई किसिम के सर्च सभ के परिणाम हो सके ला, जइसे की आम सर्च से ले के इमेज सर्च, बीडियो सर्च एकेडेमिक सर्च नियर चीज से ई आ सके ला।[2] ई समाचार सर्च आ इंडस्ट्री-बिसेसक वर्टिकल सर्च के परिणाम हो सके ला।

इंटरनेट मार्केटिंग के स्ट्रेटेजी के रूप में एसईओ इहो धियान में रखे ला कि सर्च इंजन कइसे काम करे लें, कंप्यूटर-प्रोग्राम आधारित अल्गोरिद्म जे सर्च इंजन के बेहवार तय करे लें, लोग कवना चीज खातिर खोज क रहल बाटे, एक्चुअल सर्च के शब्दावली भा कीवर्ड का बाड़ें आ कवन सर्च इंजन ऑडियंस के हिसाब से टार्गेट करे लायक बाटे। एसईओ एही खातिर कइल जाला कि सर्चइंजन के रिजल्ट पेज (SERP) में वेबसाइट ऊपर आवे जवना से एकर रैंक ऊपर रहे आ अधिकाधिक विजिटर लोग आ सके। एह विजिटर लोगन के संभावित कस्टमर (गाहक) में बदलल जा सके ला।[3]

SEO के प्रकार

संपादन करीं

SEO के कई तरह के तरीका होला, जेकरा से वेबसाइट के रैंकिंग सुधर सकेला आ जादा लोग वेबसाइट तक पहुंच सकेला। नीचे SEO के मुख्य प्रकार बतावल गइल बा:

1. ऑन-पेज SEO (On-Page SEO)

संपादन करीं

ई SEO वेबसाइट के अंदर के चीज़ पर ध्यान देला। मतलब कि वेबसाइट के कंटेंट, हेडिंग, इमेज, आ टेक्निकल चीज़ सभ के सही से ऑप्टिमाइज कइल जाला ताकि गूगल वेबसाइट के जल्दी समझ सके।

मुख्य बिंदु:

  • सही कीवर्ड के इस्तेमाल
  • हेडिंग (H1, H2, H3) के सही उपयोग
  • मेटा टाइटल आ मेटा डिस्क्रिप्शन के सही तरीका से लिखल
  • SEO फ्रेंडली URL बनावल
  • वेबसाइट के मोबाइल फ्रेंडली बनावल

2. ऑफ-पेज SEO (Off-Page SEO)

संपादन करीं

ई SEO वेबसाइट के बाहर होखे वाला गतिविधि पर ध्यान देला, जेकरा से वेबसाइट के लोकप्रियता आ गूगल में रैंकिंग बढ़े ला। ऑफ-पेज SEO मुख्य रूप से बैकलिंक्स पर आधारित होला।

मुख्य बिंदु:

  • हाई क्वालिटी बैकलिंक्स बनावल
  • सोशल मीडिया मार्केटिंग
  • गेस्ट पोस्टिंग
  • लोकल बिजनेस लिस्टिंग
  • इंफ्लुएंसर मार्केटिंग

3. टेक्निकल SEO (Technical SEO)

संपादन करीं

ई SEO वेबसाइट के टेक्निकल पक्ष के मजबूत करे ला ताकि गूगल के बॉट वेबसाइट के आसानी से क्रॉल आ इंडेक्स कर सके।

मुख्य बिंदु:

  • वेबसाइट के लोडिंग स्पीड बढ़ावल
  • मोबाइल फ्रेंडली वेबसाइट बनावल
  • SSL सर्टिफिकेट (HTTPS) लगावल
  • साइटमैप आ रोबोट्स.txt फाइल बनावल
  • डुप्लीकेट कंटेंट हटावल

4. लोकल SEO (Local SEO)

संपादन करीं

ई SEO उन बिजनेस खातिर जरूरी होला, जेकरा लोकल कस्टमर तक पहुँचे के बा। होटल, दुकान, डॉक्टर क्लिनिक जइसा लोकल सर्विस खातिर ई सबसे महत्वपूर्ण SEO तरीका ह।

मुख्य बिंदु:

  • Google My Business (GMB) में सही जानकारी डालल
  • लोकल कीवर्ड के सही से इस्तेमाल कइल
  • ग्राहक से रिव्यू आ फीडबैक लेवल
  • लोकल डायरेक्ट्री में बिजनेस के लिस्टिंग करवावल

5. ई-कॉमर्स SEO (E-Commerce SEO)

संपादन करीं

ई SEO ऑनलाइन दुकान खातिर जरूरी होला, जइसे कि Amazon, Flipkart, Shopify, या खुद के ई-कॉमर्स वेबसाइट।

मुख्य बिंदु:

  • प्रोडक्ट के सही डिस्क्रिप्शन लिखल
  • इमेज ऑप्टिमाइजेशन कइल
  • प्रोडक्ट के सही कीवर्ड इस्तेमाल कइल
  • ग्राहक के रिव्यू आ रेटिंग बढ़ावल

6. वॉयस सर्च SEO (Voice Search SEO)

संपादन करीं

आजकल लोग ज्यादा बोल के गूगल पर सर्च करे ला, त ई SEO ओह वेबसाइट खातिर जरूरी होला, जेकरा से वॉयस सर्च के हिसाब से ऑप्टिमाइजेशन कइल जा सके।

मुख्य बिंदु:

  • लंबा कीवर्ड (Long-Tail Keywords) इस्तेमाल कइल
  • प्रश्न-आधारित कंटेंट तैयार कइल
  • लोकल SEO पर ध्यान देहल

7. वीडियो SEO (Video SEO)

संपादन करीं

अगर कोई वेबसाइट या बिजनेस वीडियो कंटेंट बनावे ला, त ओकरा YouTube आ गूगल सर्च में उपर लावे खातिर वीडियो SEO जरूरी होला।

मुख्य बिंदु:

  • वीडियो के सही टाइटल आ डिस्क्रिप्शन लिखल
  • ट्रांसक्रिप्ट आ सबटाइटल जोड़ल
  • वीडियो के हाई क्वालिटी थंबनेल बनावल
  • सही कीवर्ड इस्तेमाल कइल

8. इंटरनेशनल SEO (International SEO)

संपादन करीं

अगर कोई वेबसाइट अलग-अलग देश के लोग खातिर बा, त इंटरनेशनल SEO जरूरी होला ताकि हर देश के हिसाब से वेबसाइट ऑप्टिमाइज कइल जा सके।

मुख्य बिंदु:

  • अलग-अलग भाषा में कंटेंट बनावल
  • hreflang टैग इस्तेमाल कइल
  • अलग-अलग देश खातिर वेबसाइट के होस्टिंग सेट कइल

इहो देखल जाय

संपादन करीं
  1. "SEO - search engine optimization". Webopedia. December 19, 2001.
  2. Beel, Jöran and Gipp, Bela and Wilde, Erik (2010). "Academic Search Engine Optimization (ASEO): Optimizing Scholarly Literature for Google Scholar and Co" (PDF). Journal of Scholarly Publishing. pp. 176–190. Archived from the original (PDF) on November 18, 2017. Retrieved April 18, 2010.{{cite web}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)
  3. Ortiz-Cordova, A. and Jansen, B. J. (2012) Classifying Web Search Queries in Order to Identify High Revenue Generating Customers. Journal of the American Society for Information Sciences and Technology. 63(7), 1426 – 1441.