सेक्स

नर आ मादा के बीच कामुक (सेक्सुसल) आनंद आ मजा खाती कइल जाए वाला सगरी काम

सेक्स (संस्कृत: संभोग) अपना ब्यापक अरथ में नर आ मादा के बीच कामुक (सेक्सुसल) आनंद आ मजा खाती कइल जाए वाला सगरी काम के कहल जाला जेह में, चुंबन, स्पर्श, कामुक तरीका से ताकल, अकवारी मे भरल इत्यादि सगरी क्रिया सामिल कइल जाला जबकि, खास छोट अरथ में, ई मर्द द्वारा औरत के जञनी में आपन शिशन प्रवेश कराके धक्का देवे के क्रिया हवे जेकरा शारीरिक आ मानसिक मजा आ आनंद खाती, लइका जनमावे ला, चाहे फिन दुनों मकसद से कइल जाला। एकरा के अंगरेजी में सेक्सुअल इंटरकोर्स भा संस्कृत में मैथुन कहल जाला। ऊपर बतावल आम तरीका के जञनी संबंधी सेक्स कहल जाला; एकरे अलावा पाछे से मलदुआर में लिंग घुसा के (गुदा मैथुन), मुँह में घुसा के (मुख मैथुन), अँगुरी से, या कौनों अन्य चीज (जइसे कि डिलडो घुसा के) से कइल सेक्स भी सामिल बा। एह क्रिया में शारीरिक जुड़ाव महसूस कइल जाला आ ई खाली शारीरिक सुख खाती, मानसिक संतुष्टी खाती कइल जा सके ला या फिर सेक्स से दू लोग में आपसी भावनात्मक लगाव भी बढ़ सके ला।

Sexual Intercourse
सेक्स के सभसे आम रूप, मिशनरी पोजीशन जेह में मर्द ऊपर रहे ला

इहो देखल जायसंपादन

संदर्भसंपादन