सेरो अर्माजोनेस दक्खिन अमेरिका के चिली देस में समुंद्री किनारा के सहारे मौजूद तटीय परबत श्रेणी पर एक ठो पहाड़ बाटे। ई चिली के शहर एंतोफगास्ता से लगभग 130 किमी (81 मील) दक्खिन-पुरुब ओर बा। ई पहाड़ इहाँ लागे जा रहल खगोलीय दूरबीन खातिर चर्चा में बा काहें से कि ई सभसे बड़ दूरबीन होखी। जब एह दूरबीन के काम ना सुरू भइल रहल ओह समय एह पहाड़ के चोटी के ऊंचाई समुंद्र तल से लगभग 3,064 मीटर (10,052 फीट) रहल।[1] ई पहाड़ अपने ख़ास लोकेशन के कारण एह काम खातिर बीछल गइल बा काहें की इहाँ के रात के समय के आसमान साल 89% समय पर बिना बादर के, साफ रहे ला।[2] वर्तमान में भी इहाँ मौजूद सेरो अर्माजोनेस बेधशाला में एक ठो 1.5 मी (5 फीट) हेक्सोपोड दूरबीन (छह पाया वाली दूरबीन) लागल बा आ काम क रहल बाटे।

सेरो अर्माजोनेस
Cerro Armazones
सेरो अर्माजोनेस के हवाई दृश्य
Highest point
ऊँचाई3,064 मी (10,052 फीट)
लोकेशन (भूगोलीय)24°35′21″S 70°11′32″W / 24.58917°S 70.19222°W / -24.58917; -70.19222निर्देशांक: 24°35′21″S 70°11′32″W / 24.58917°S 70.19222°W / -24.58917; -70.19222
भूगोल
Locationएंतोफगास्ता इलाका, चिली
मूल परबत श्रेणीचिली तटीय परबत श्रेणी

26 अप्रैल 2010 के यूरोपियन दक्खिनी बेधशाला के काउंसिल द्वारा एह पहाड़ के यूरोपियन एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप के लगावे खातिर जगह के रूप में बीछल गइल।[3]

गैलरी संपादन करीं

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Joint Operations Graphic (JPEG) (Map) (1st ed.). 1 : 250,000. 1501. Defence Mapping Agency Topographic Center. 1974. p. Sheet SG 19-2.
  2. Schöck, M.; Els, S.; Riddle, R.; Skidmore, W.; Travouillon, T.; Blum, R.; Bustos, E.; Chanan, G.; Djorgovski, S. G.; Gillett, P.; Gregory, B.; Nelson, J.; Otárola, A.; Seguel, J.; Vasquez, J.; Walker, A.; Walker, D.; Wang, L. (1 April 2009). "Thirty Meter Telescope Site Testing I: Overview". Publications of the Astronomical Society of the Pacific. 121 (878): 384–395. arXiv:0904.1183. Bibcode:2009PASP..121..384S. doi:10.1086/599287.
  3. "E-ELT Site Chosen". Europe: यूरोपियन दक्खिनी बेधशाला. 26 अप्रैल 2010. Retrieved 26 April 2010.
  4. "Ripples Across the Chilean Sky". ESO Picture of the Week. Retrieved 29 मई 2013.

बाहरी कड़ी संपादन करीं