हाइड्रोपोनिक खेती चाहे हाइड्रोपोनिक्स (अंग्रेजी: Hydroponics) खेती के अइसन तरीका हवे जेह में पौधा सभ के उपजावे खातिर माटी के इस्तमाल ना होला बलुक पानी में घुले वाला मिनरल आ पौधन के पोषण देवे वाला चीज इस्तेमाल कइल जाला। ई अइसन बिधी हवे जेह में जमीन पर माटी में उपजे वाला पौधा सभ के खाली सोर (जरि) भर पानी में रहे ला आ पौधा आपन पोषण पावत रहे ला।

नासा के बैज्ञानिक रिसर्च सेंटर में हाइड्रोपोनिक बिधी से उपजावल पियाज के जाँच क रहल बाड़ें।