हिंडन नदी उत्तरी भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में एगो महत्वपूर्ण नदी हवे। ई जमुना नदी के सहायिका हवे आ गंगा-जमुना के दुआबा के ऊपरी हिस्सा में बहे ले। नदी के उदगम सहारनपुर जिला में ऊपरी शिवालिक श्रेणी से होखे ला आ ई गाजियाबाद से हो के आगे ग्रेटर नोएडा के ठीक आगे जा के तिलवाड़ा गाँव के लगे जमुना नदी में मिल जाले। नदी कुल 400 किलोमीटर (250 मील) लंबाई वाली हवे आ एकर थाला (बेसिन) 7,083 वर्ग किलोमीटर (2,735 वर्ग मील) एरिया पर बिस्तार लिहले बा। ई पूरा तरीका से बरसात पर आधारित नदी हवे।[1]

हिंडन नदी
Hindon River
गाजियाबाद के लगे लिहल हिंडन के हवाई चित्र
देस भारत
प्रदेश/क्षेत्र उत्तर प्रदेश
शहर गाजियाबाद, नोएडा, ग्रेटर नोएडा
उदगम शिवालिक
 - लोकेशन सहारनपुर जिला, भारत
 - निर्देशांक 35°05′N 77°08′E / 35.083°N 77.133°E / 35.083; 77.133
मुहाना जमुना नदी
 - निर्देशांक 28°04′N 77°04′E / 28.067°N 77.067°E / 28.067; 77.067निर्देशांक: 28°04′N 77°04′E / 28.067°N 77.067°E / 28.067; 77.067
लंबाई 400 किमी (249 मील)
थाला 7,083 किमी2 (2,735 वर्ग मील)

रास्ता संपादन करीं

नदी उत्तर प्रदेश के सहारनपुर जिला में निकले ले। एकर उदगम ऊपरी शिवालिक श्रेणी से होखे ला।[2] नदी अपना रास्ता में मुजफ्फरनगर, मेरठ, बागपत जिला सभ आ गाजियाबाद, नोएडा आ ग्रेटर नोएडा से हो के गुजरे ले। ई सेक्टर 150 के दक्खिनी सीमा पर जमुना नदी में मिल जाले।

प्रदूषण संपादन करीं

हिंडन एगो काफी प्रदूषित नदी हवे।[3] एगो अध्ययन में हिंडन के किनारे सब्जी के खेती के उपज में भारी मात्रा में घातक तत्व होखे के बात सोझा आइल।[4]

संदर्भ संपादन करीं

  1. Sharad K. Jain; Pushpendra K. Agarwal; Vijay P. Singh (16 May 2007). Hydrology and Water Resources of India. Springer Science & Business Media. pp. 350–. ISBN 978-1-4020-5180-7.
  2. Raveendra Kumar Rai; Alka Upadhyay; C. Shekhar P. Ojha (25 November 2011). The Yamuna River Basin: Water Resources and Environment. Springer Science & Business Media. pp. 112–. ISBN 978-94-007-2001-5. {{cite book}}: Unknown parameter |coauthors= ignored (|author= suggested) (help)
  3. A.k.jain (2009). River Pollution. APH Publishing. pp. 6–. ISBN 978-81-313-0463-1.
  4. Delhi Press (1 June 2017). Farm n Food: June First 2017. Delhi Press. pp. 18–. GGKEY:KB2NJTGPASG.