हिंदी भाषा
हिंदी भाषा (शाब्दिक अरथ:हिंद के भाषा) मुख्य रूप से भारत के हिंदी प्रदेश में, आ अन्य भाषा के रूप में पूरा भारत आ भारत से बाहर रहे वाला भारतीय लोग द्वारा बोलल जाए वाली एक ठो भाषा हवे। भाषा विज्ञान के अनुसार ई इंडो-आर्य समूह के भाषा हवे। खड़ी बोली के मानकीकरण से हिंदी आ उर्दू दुनों भाषा सभ के उत्पत्ति मानल जाले, हिंदी भाषा जहाँ संस्कृत से आपन ज्यादातर शब्द लिहले बा ओहिजे उर्दू में ज्यादातर शब्द फ़ारसी आ अरबी मूल के मिलेला। हिंदी-उर्दू के मिलल-जुलल रूप, जवन काफी संख्या में आम जन के आ सिनेमा जगत भाषा बाटे ओकरा के हिंदुस्तानी भी कहल जाला।
हिंदी | |
---|---|
हिंदी या मानक हिंदी | |
![]() देवनागरी लिपि में लिखल "हिंदी" शब्द | |
उच्चारण | Hindustani pronunciation: [ˈmaːnək ˈɦin̪d̪iː] |
मूलभाषा बाटे | North and North Western भारत |
मूल बोले वाला | 260 मिलियन (2001)e19 L2 speakers: 120 million (1999) |
प्रारंभिक रूप | शौरसेनी प्राकृत
|
देवनागरी (ब्राह्मी) हिंदी ब्रेल | |
हिंदी संकेतभाषा | |
ऑफिशियल स्टेटस | |
सरकारी भाषा बाटे | भारत[2] |
नियमित कइल जाले | Central Hindi Directorate[3] |
भाषा कोड | |
ISO 639-1 | hi |
ISO 639-2 | hin |
ISO 639-3 | hin |
Linguist list | hin-hin |
Glottolog | hind1269 [4] |
Linguasphere | 59-AAF-qf |
![]() Areas (red) where Hindustani (Khariboli/Kauravi) is the native language, compared to all Indo-Aryan languages (dark grey) |
मानक हिंदी, हिंदी के अइसन रूप हवे जेह में संस्कृत के परभाव ज्यादा बा आ जवन तकनीकी शब्दावली, सरकारी कामकाज आ साहित्य के भाषा बाटे। ई भारत के राजभाषा (राष्ट्रभाषा नाहीं[5]) भी हवे हालाँकि बहुत जगह सरकारी कामकाज अंगरेजी में भी होला। मानक हिंदी के अलावा हिंदी बोली सभ के समूह बा जिनहन में से कई गो वास्तव में अलग भाषा हईं लेकिन आम शब्दावली में इनहन के हिंदी के बोली या हिंदी भाषा सब के अंतर्गत रखल जाला। हिंदी पर क्षेत्रीय भाषा के परभाव से लहजा इत्यादि में अंतर के कारण बिहारी हिंदी या भोजपुरी-हिंदी[6] इत्यादि के अनौपचारिक वर्गीकरण भी मिले ला।
हिंदी भाषा के देवनागरी लिपि मे लिखल जाला, हालाँकि अंगरेजी के बढ़त परभाव के कारण कुछ लोग एकरा के रोमन लिपि में भी लिखे ला, खासतौर पर इंटरनेट आ चैटिंग इत्यादि में। हिंदी आ इंग्लिश के मिला-जुला रूप के हिंग्लिश के नाँव भी दिहल गइल बा।
भारत में 25.8 करोड़ लोग पहिली भाषा के रूप में आ 12 करोड़ लोग दूसर भाषा के रूप में हिंदी बोले वाला बतावल जाला।[7] 2001 में भारत के जनगणना के आँकड़ा अनुसार भारत में कुल 42 करोड़ से ढेर[8] लोग के मातृभाषा हिंदी हवे (हालाँकि एह आंकड़ा में भोजपुरी नियर भाषा बोले वाला लोग सब के भी सामिल कइल गइल बा) आ एकरे बाद लगभग 12 करोड़ लोग के दूसरी भाषा हवे।[9]
हिंदी के साहित्य में आमतौर पर मध्य क्षेत्र के बोली सब में भइल 11वीं सदी के आसपास तक ले के रचना सभ से ले के आधुनिक काल तक के हिंदी में भइल रचना सभ के गिनल जाला।
इहो देखी जाऽसंपादन
संदर्भसंपादन
- ↑ 1.0 1.1 Hindustani (2005). कीथ ब्राउन (ed.). एनसाइक्लोपीडिया ऑफ़ लैंगुएज एंड लिंग्विस्टिक्स (2 ed.). एल्सेवियर. ISBN 0-08-044299-4.
{{cite book}}
: Invalid|ref=harv
(help) - ↑ "Sequence of events with reference to official language of the Union". Archived from the original on 2 August 2011.
- ↑ "Central Hindi Directorate: Introduction".
- ↑ Nordhoff, Sebastian; Hammarström, Harald; Forkel, Robert; Haspelmath, Martin, eds. (2013). "Hindi". Glottolog 2.2. Leipzig: Max Planck Institute for Evolutionary Anthropology.
{{cite book}}
: Invalid|display-editors=4
(help); Unknown parameter|chapterurl=
ignored (help) - ↑ http://www.thehindu.com/news/national/hindi-not-a-national-language-court/article94695.ece
- ↑ James E. Alatis; Ai-Hui Tan (7 September 2001). Georgetown University Round Table on Languages and Linguistics (GURT) 1999: Language in Our Time: Bilingual Education and Official English, Ebonics and Standard English, Immigration and the Unz Initiative. Georgetown University Press. pp. 319–. ISBN 1-58901-854-0.
- ↑ https://www.ethnologue.com/language/hin
- ↑ "Census of India: Abstract of speakers' strength of languages and mother tongues –2001". Censusindia.gov.in. Retrieved 14 नवंबर 2016.
- ↑ "Hindi language". britannica.com. Retrieved 14 नवंबर 2016.
{{cite web}}
: Cite has empty unknown parameter:|1=
(help)