इकोलॉजी में, हैबिटाट (अंग्रेजी: habitat; हिंदी: पर्यावास चाहे पर्यावरणीय आवास) कौनो इकोसिस्टम चाहे कौनों पर्यावरण के अइसन हिस्सा होला जवन कौनों बिसेस जियाजंतु-समुदाय, प्रजाति या पेड़-पौधा भा जीव के रहे के क्षेत्र होला।[1][2]कौनों जगह जहाँ कौनो जीव निवास करे ला ओह जीव के हैबिटाट कहाला। ई एक तरह के प्राकृतिक पर्यावरण होला जवना में जीव रहे ला, भा अइसन भौतिक पर्यावरण जवन कौनों जीव के जनसंख्या के चारों ओर से घेरले होखे।[3]

देखावल गइल मूँगा चट्टान जवन फीनिक्स दीप संरक्षित क्षेत्र में मौजूद बाटे, समुद्री जीव सभ खातिर एगो बहुत नीक हैबिटाट उपलब्ध करावे ला।
कुछ समुंदरी जीव अंटार्कटिका के बर्फीली शेल्फ पर भी आपन हैबिटाट बनवले बाड़ें।


इहो देखल जायसंपादन

संदर्भसंपादन

  1. "Habitat". मरियम-वेबस्टर डिक्शनरी. Retrieved 18 दिसंबर 2015.
  2. Abercrombie, M.; Hickman, C.J.; Johnson, M.L (1966). A Dictionary of Biology. London: Penguin Reference Books.
  3. "Living Things: Habitats and Ecosystems". The Franklin Institute. Retrieved 18 दिसंबर 2015.