मुख्य पन्ना

(Main Page से अनुप्रेषित)

Facebook icon.svg फेसबुकTwitter.svg ट्विट्टर

बढ़ियाँ लेख
बनारस के घाट

बनारस या वाराणसी भारत की उत्तर प्रदेश में गंगा नदी की तीरे बसल एगो विश्वप्रसिद्ध शहर अउरी हिन्दू धर्म क सबसे महत्वपूर्ण तीरथन में गिनल जाये वाला अस्थान हउवे।

सांस्कृतिक रूप ई बाबा बिसेसरनाथ के नगरी हवे आ एकरा बारे में पुराणन में कहल बा कि ई साक्षात् भगवान शंकर की त्रिशूल पर स्थित बा आ पूरा विश्व में प्रलय भइला पर भी ई नगरी अपनी अस्थान पर अडिग रहेले। शिव के अविमुक्तेश्वर रूप में अस्थान लिहला की कारण ए नगरी के अविमुक्तेश्वर क्षेत्र कहल जाला। बनारस के मोक्ष देवे वाला भी मानल जाला आ एकरा के महाश्मशान भी कहल जाला।

हिंदू धर्म के अलावा, बौद्ध धर्म आ जैन धर्म के माने वालन खातिर भी ए शहर के महत्व बा। इहाँ से करीब दस किलोमीटर दूर सारनाथ नाँव के अस्थान परेला जहाँ भगवान बुद्ध आपन पहिला उपदेश दिहले रहलन।

समाचार में
IPL Logo text only
  • 2023 आईपीएल (लोगो फोटो में देखावल) के सुरुआत हो चुकल बा जे 28 मई ले चली। पहिली बेर एह में भोजपुरी भाषा में कमेंट्री हो रहल बा।
  • नाटू नाटू गीत के 95वाँ अकादमी अवार्ड्स में 'ओरिजिल सॉन्ग' की श्रेणी में ऑस्कर अवॉर्ड मिलल बाटे, ई एह इनाम के पावे वाला पहिला भारतीय आ एशियाई गीत बाटे।
  • जापान के पूर्व परधानमंत्री शिंजो आबे के निधन भ गइल, उनुका के गोली मारल गइल रहल।
का आपके मालुम बा?
  • ...कि सदाबहार फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति हवे जेह में आठ गो प्रजाति होलीं आ इनहन में से सात गो मैडागास्कर के मूल प्रजाति हईं जबकि एक ठो भारत-श्रीलंका के प्रजाति हवे।
  • ...कि रसगुल्ला एगो भारतीय मिठाई ह जेकरे उत्पत्ती के अस्थान पर पच्छिम बंगालउड़ीसा राज्यन के बीच में बिबाद बा आ बंगाली रसगुल्ला के जीआइ टैग मिलल बा?
  • ...कि दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल चीन के सुझोऊ प्रांत में बाटे आ 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर ई पुल दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।
  • ...कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।
भाषा