मुख्य पन्ना

(Main page से अनुप्रेषित)

फेसबुक ट्विट्टर

बढ़ियाँ लेख
इलाहाबाद
इलाहाबाद

इलाहाबाद, पुरान नाँव प्रयाग, भारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर आ इलाहाबाद जिला क मुख्यालय हऽ। ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ हवे। हर बरिस इहाँ जाड़ा में माघ मेला, आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला में कुछ दिन खातिर ई सहर बिस्व के सबसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बन जाला।

इतिहास देखल जाय त भारत के आजादी के लड़ाई में एह शहर में बहुत महत्व वाला योगदान रहल बा। ई नेहरू-गाँधी परिवार के घर हवे आ अउरी कई ठे राष्ट्रीय नेता इहाँ से जुड़ल रहल बाने। गंगा-जमुनी तहजीब के प्रतिनिधि ई शहर साहित्य के क्षेत्र में कई परसिद्ध लोग के करमभूईं रहल बा, जइसे कि 'निराला', महादेवी वर्मा, 'फ़िराक़' साहब, आ हरिवंशराय बच्चन।

भारत के सभसे पुरान इन्वरसिटी सभ में से एक, इलाहाबाद विश्वविद्यालय, जेकरा के कबो 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाय, शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। एकरी आलावा इलाहाबाद हाइकोर्ट, ए॰जी॰ आफिस आ मलेटरी पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ जाला।

समाचार में
woman face
  • शारदा सिन्हा (फोटो में देखावल) जिनके 'बिहार कोकिला' के उपाधि आ पद्मश्री आ पद्मविभूषण मिलल रहल, के 5 अक्टूबर के निधन भ गइल।
  • चंद्रयान-3 के सफल लैंडिंग के बाद चंद्रमा के दक्खिनी ध्रुव इलाका में सॉफ्ट लैंडिंग करावे वाला भारत पहिला देस, आ चंद्रमा पर उतरे वाला चउथा देस बन गइल।
  • 2023 आईपीएल के सुरुआत हो चुकल बा जे 28 मई ले चली। पहिली बेर एह में भोजपुरी भाषा में कमेंट्री हो रहल बा।
  • नाटू नाटू गीत के 95वाँ अकादमी अवार्ड्स में 'ओरिजिल सॉन्ग' की श्रेणी में ऑस्कर अवॉर्ड मिलल बाटे, ई एह इनाम के पावे वाला पहिला भारतीय आ एशियाई गीत बाटे।
  • जापान के पूर्व परधानमंत्री शिंजो आबे के निधन भ गइल, उनुका के गोली मारल गइल रहल।


का आपके मालुम बा?
  • ...कि सदाबहार फूल वाला पौधा सभ के एगो जाति हवे जेह में आठ गो प्रजाति होलीं आ इनहन में से सात गो मैडागास्कर के मूल प्रजाति हईं जबकि एक ठो भारत-श्रीलंका के प्रजाति हवे।
  • ...कि रसगुल्ला एगो भारतीय मिठाई ह जेकरे उत्पत्ती के अस्थान पर पच्छिम बंगालउड़ीसा राज्यन के बीच में बिबाद बा आ बंगाली रसगुल्ला के जीआइ टैग मिलल बा?
  • ...कि दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल चीन के सुझोऊ प्रांत में बाटे आ 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर ई पुल दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।
  • ...कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।
भाषा