बिस्व धरोहर स्थल

(World Heritage Site से अनुप्रेषित)

बिस्व धरोहर स्थल (अंग्रेजी: World Heritage Site) कौनो अस्थान (जइसे की कौनों बिल्डिंग/भवन, में चुनल 21 गो मेंबर देस सभ द्वारा बनावल जाले।[1]

यूनेस्को (UNESCO) के बिस्व धरोहर कमेटी के लोगो

जुलाई 2015 ले, एह लिस्ट में 1031 स्थल: 802 सांस्कृतिक, 197 प्राकृतिक, आ 32 गो मेरवन स्थल बाड़ें जेवन 163 देस में छिटाइल बाड़ें।[2][3] अगर देस अनुसार लिस्ट देखल जाय त, इटली में 51 स्थल बाड़ें आ ई पहिला नंबर पर बाटे। एकरा बाद, चीन (48), स्पेन (44), फ्रांस (41), जर्मनी (40), मैक्सिको (33), आ सातवाँ नंबर पर भारत (32) की साथ अगिला क्रम पर बाड़ें। यूनेस्को इनहन के एगो पहिचानक नंबर देला, आ अब नया सिस्टम में जेवन स्थल ई लिस्ट से बाहर हो गइल बाड़ें उन्हन के नंबर भी सुरक्षित राखल जाला जेवना से ई पहिचान नंबर कुल के संख्या 1200 से अधिका हो चुकल बाटे हालाँकि वर्तमान (लिस्ट) में अइसन स्थल सब के संख्या कम बाटे।

हर एक बिस्व धरोहर स्थल कानूनी रूप से ओही राज्य या राष्ट्र के हिस्सा मानल जाला जौना में ऊ मौजूद बाटे, बाकी यूनेस्को इनहन के सुरक्षा आ संरक्षण की दृष्टी से अंतरराष्ट्रीय समुदाय के सामूहिक इंट्रेस्ट के बिसय मानेला।

  1. "The World Heritage Committee". UNESCO World Heritage Site. Retrieved 28 नवंबर 2015.
  2. World Heritage List, UNESCO World Heritage Sites official sites.
  3. Sites in Germany and Italy bring to 19 the number of sites inscribed on the World Heritage List this year, UNESCO World Heritage Sites official sites.

बाहरी कड़ी

संपादन करीं