अंटार्कटिका

दक्खिनी ध्रुव के महादीप

अंटार्कटिका या अंटार्टिका (Antarctica /æntˈɑːrktɪkə/ या /æntˈɑːrtɪkə/)[नोट 1]पृथ्वी के सभसे दक्खिनी महादीप बा, जेवना पर दक्खिनी ध्रुव स्थित बाटे। ई लगभग पूरा का पूरा अंटार्कटिक वृत्त की दक्खिन ओर स्थित बाटे आ चारों ओर से दक्खिनी महासागर से घेराइल बाटे। ई दुनियाँ के पाँचवा सभसे बड़हन महादीप हवे आ क्रम से एशिया, अफिरका, उत्तरी अमेरिकादक्खिनी अमेरिका की बाद आवेला। एकर कुल एरिया 140 लाख बर्ग किलोमीटर बाटे। एकर 98% हिस्सा बरफ से तोपाइल रहेला जौना के औसत मोटाई 1.9 किलोमीटर बा।[4]

अंटार्कटिका
This map uses an orthographic projection, near-polar aspect. The South Pole is near the center, where longitudinal lines converge.
क्षेत्रफल14,000,000 किमी2 (5,400,000 वर्ग मील)[1]
जनसंख्या1,106
जनघनत्व0.00008/किमी2 (0.0002/बर्गमील)
निवासी-नाँवअंटार्कटिक
देस सभ0
इंटरनेट टीएलडी.aq
बड़हन शहरअंटार्कटिका के रिसर्च इस्टेशन

अंटार्कटिका दुनिया के सभसे ठंढा, सूखा आ सभसे तेज हवा वाला महादीप ह आ एकर औसत ऊँचाई बाकी कुल महादीपन ले ढेर बाटे।[5] अंटार्कटिका में वर्षण बहुत कम होला आ खाली किनारा वाला इलाका में होला एही से एके रेगिस्तान मानल जाला।[6] इहाँ के तापमान −89 °C (−129 °F) ले रेकार्ड कइल जा चुकल बाटे। इहाँ खराब मौसम दशा की कारण केहू आदमी हमेशा खातिर नइखे बसल आ खाली बैज्ञानिक रिसर्च करे खातिर इहाँ लोग रहेला। इहाँ की जीव बिबिधता में गिनावल जाय त कुछ एल्गी, बैक्टीरिया, फंगस, पौधा आ कुछ बहुत छोट जानवर जइसे कि दीमक, नेमाटोड आ पेंग्विन पावल जालें। जहाँ कहीं बनस्पति मिलेला ऊ टुंड्रा प्रकार के होला।

ए महादीप के खोज सभसे पहिले एगो रूसी अभियान में फैबियन बेलिंग्सहॉउसेन (Fabian Gottlieb von Bellingshausen) आ मिखाइल लाजरेव (Mikhail Lazarev) नाँव के अभियानी लोग सन् 1820 में कइल।

अंटार्कटिका अंतर्राष्ट्रीय क़ानून की अन्दर कौनों एगो देस के संपत्ति ना हवे आ एकर खाली रिसर्च आ ज्ञान बिग्यान खातिर देस सभ उपयोग करे ला। अंटार्कटिका समझौता (Antarctic Treaty System) सन् 1959 में साइन भइल रहे आ ई कौनों तरह के मलेटरी गतिविधि आ परमाणु बिस्फोट या परमाणु कचरा के फेंकले के पुरा प्रतिबन्ध लगावेला। समझौता पर अबले कुल 50 गो देस दस्खत कइ चुकल बाड़ें जौना में भारत भी बाटे।

टिप्पणी संपादन करीं

  1. पहिले एकर उच्चारण खाली अंटार्टिका रहे बाकी बाद में उच्चारण भी होखे लागल।[2][3]

संदर्भ संपादन करीं

  1. United States Central Intelligence Agency (2011). "Antarctica". The World Factbook. Government of the United States. Archived from the original on 25 December 2018. Retrieved 14 September 2017.
  2. Crystal, David (2006). The Fight for English. Oxford University Press. p. 172. ISBN 978-0-19-920764-0.
  3. Harper, Douglas. "Antarctic". Online Etymology Dictionary. Retrieved 23 जून 2015.
  4. British Antarctic Survey. "Bedmap2: improved ice bed, surface and thickness datasets for Antarctica" (PDF). The Cryosphere journal: 390. Retrieved 23 जून 2015.
  5. National Satellite, Data, and Information Service. "National Geophysical Data Center". Government of the United States. Archived from the original on 2006-06-13. Retrieved 23 जून 2015.{{cite web}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)
  6. Joyce, C. Alan (18 जनवरी 2007). "The World at a Glance: Surprising Facts". The World Almanac. Archived from the original on 2009-03-04. Retrieved 23 जून 2015.