अतिमांसाहारी चाहे अतिमांसभक्षी (अंग्रेजी: Hypercarnivore; हाइपरकार्निवोर) अइसन जानवर होलें जिनहन के भोजन के 70% से बेसी हिस्सा मांस (मीट) के रूप में होला बाकी फंगी, पौधा के उपज जइसे की फल वगैरह हो सके ला।[1][2] अइसन जानवरन के उदाहरण के रूप में घड़ियाल, उल्लू, गिद्ध, चील्ह, मकड़ी, बिच्छी, वगैरह के गिनावल जा सके ला। फैलिडाइ परिवार के सगरी सदस्य, जेह में सिंह, बाघ, वगैरह आवे लें एही किसिम के अतिमांसभक्षी होखे लें; आम घरेलू बिलार एही परिवार के सदस्य हवे आ इहो अपना प्राकृतिक जंगली माहौल में अतिमांसाहारी होली स। बैज्ञानिक रूप से पैलियोबायोलॉजी, मने की पुराजीवबिज्ञान, में एह शब्द के इस्तेमाल अइसन जानवरन के बर्गीकरण करे खाती भी होखे ला जिनहन के दांत सभ में चबाये वाला दांत के तुलना में चीर-फाड़ करे वाला दांत बेसी बिकसित आ ढेर होखे लें।[2]

mualमुअल भँइस के लगे एगो सिंह आ ओकर बच्चा
सिंह एगो हाइपरकार्निवोर हवे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Van Valkenburgh, Blaire (Spring 1988). "Trophic diversity in past and present guilds of large predatory mammals". Paleobiology (journal). 14 (2): 155–73. doi:10.1017/S0094837300011891.
  2. 2.0 2.1 Holliday, Jill A.; Steppan, Scott J. (2004). "Evolution of hypercarnivory: the effect of specialization on morphological and taxonomic diversity" (PDF). Paleobiology (journal). 30 (1): 108–128. doi:10.1666/0094-8373(2004)030<0108:EOHTEO>2.0.CO;2.