एजियन सागर
ग्रीस आ तुर्की के बीचा में भूमध्य सागर के एगो खाड़ी आ सागर
एजियन सागर (अंग्रेजी: Aegean Sea) भा ईजियन सागर यूरोप आ एशिया के बीचा में, भूमध्य सागर के एगो लमछर खाड़ी हवे। ई बाल्कन आ अनातोलिया क्षेत्रन के बीचा में पड़े ला आ एकर बिस्तार करीबन 2,15,000 वर्ग किलोमीटर रकबा पर बाटे। उत्तर में ई सागर मारमरा सागर आ काला सागर से डार्डेनल्स आ बास्पोरस जलजोड़ के माध्यम से जुड़ल बाटे। एह में मौजूद एगो दीपसमूह के नाँव एजियन दीपसमूह हवे जे एकरे दक्खिनी माथ पर बाटे, एह में क्रीट आ रोड्स दीप सामिल बाड़ें। एजियन सागर के अधिकतम गहिराई क्रीट के पूरुब में बा जहाँ ई 3,544 मीटर गहिरा बाटे। थ्रासियन सागर आ क्रीट सागर एकर उपबिभाग हवें।
Aegean Sea | |
---|---|
लोकेशन | Mediterranean Sea |
निर्देशांक | 39°N 25°E / 39°N 25°Eनिर्देशांक: 39°N 25°E / 39°N 25°E |
प्रकार | Sea |
नाँव उत्पत्ती | From Aegeus |
आगम | Inachos, Ilisos, Spercheios, Pineios, Haliacmon, Vardar, Struma, Nestos, Maritsa |
निकास | Mediterranean Sea |
थाला के देस | Greece, Turkey; North Macedonia, Serbia, Bulgaria (drainage basins for inflow rivers)[1] |
अधिकतम लंबाई | 700 किमी (430 मील) |
अधिकतम चौड़ाई | 400 किमी (250 मील) |
सतह क्षेत्र | 214,000 किमी2 (2.30×1012 वर्ग फु) |
अधिकतम गहिराई | 3,544 m (11,627 feet) |
दीप | 150+ |
आबादी | Alexandroupoli, Athens, Ayvalık, Bodrum, Çanakkale, Çeşme, Didim, Heraklion, İzmir, Kavala, Kuşadası, Thessaloniki, Volos |
एजियन सागर के इतिहासी महत्व रहल बाटे, बिसेस रूप से प्राचीन यूनान (एनशियेंट ग्रीस) के मामिला में, जे लोग एह एरिया में एही सागर के तीरे पर आ दीप सभ पर आबाद रहल।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Drainage Basin of the Mediterranean Sea" (PDF). Second Assessment of Ocean (Report). UNECE. November 2011.
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |