काला सागर
काला सागर (अंग्रेजी: Black Sea; ब्लैक सी, शाब्दिक अरथ करिया सागर), भूमध्य सागर के एगो सीमांत सागर हवे जे यूरोप आ एशिया के बीचा में पड़े ला। ई बाल्कन के पूरुब में, पूरबी यूरोपीय मैदान के दक्खिन में आ दक्खिनी कॉकेशस आ अनातोलिया प्रायदीप के उत्तर में बाटे। एह में यूरोप के कई गो प्रमुख नदी गिरे लीं जइसे कि डेन्यूब, नीपर, नीस्टर आ डॉन नदी। एकरे तीरे पर छह गो देस बाड़ें हालाँकि एकर थाला जहाँ ले के पानी एह में आवे ला ऊ कई गो अउरी देसन में फइलल बाटे।
Black Sea | |
---|---|
लोकेशन | Europe and Western Asia |
निर्देशांक | 44°N 35°E / 44°N 35°Eनिर्देशांक: 44°N 35°E / 44°N 35°E |
प्रकार | Sea |
आगम | Danube, Dnieper, Don, नीस्टर, Kuban |
निकास | Bosporus |
थाला के देस | Bulgaria, Georgia, Romania, Russia, Turkey, Ukraine A large number of countries included in drainage basins for inflow rivers |
अधिकतम लंबाई | 1,175 किमी (730 मील) |
सतह क्षेत्र | 436,402 किमी2 (168,500 वर्ग मील)[1] |
औसत गहिराई | 1,253 मी (4,111 फीट) |
अधिकतम गहिराई | 2,212 मी (7,257 फीट) |
आयतन | 547,000 किमी3 (131,200 घन मील) |
काला सागर के कुल रकबा 436,400 किमी2 (4.697×1012 वर्ग फु) बाटे[2] (बिना अजोव सागर के शामिल कइले) आ एकर अधिकतम गहिराई 2,212 मी (7,257 फीट) बा,[3] आ कुल आयतन 547,000 किमी3 (1.93×1016 घन फुट) बाटे।[4] एकरे किनारे के जमीन के ओर बढे पर तेजी से ऊँचाई बढ़े ले। एकरा दक्खिन में पोंटिक पहाड़ी क्षेत्र बा, पूरुब में कॉकेशस परबत के इलाका बा आ उत्तर में क्राइमिया के पहाड़ी इलाका बाड़ें। पच्छिमी किनारा के ओर छोट खन निचाई वाला बाढ़ मैदान वाला हिस्सा हवे। उत्तर में ई अजोव सागर से कर्च के जलजोड़ से जुड़ल बा जहाँ से पानी हासिल करे ला। दक्खिनी-पच्छिमी ओर एक ठो पातर जलजोड़ बास्पोरस हवे जे एकरा के मारमरा सागर से जोड़े ला आ एह ओर पानी के निकास होखे ला; मारमरा सागर अंत में खुद दार्दानेल्स जलजोड़ द्वारा एजियन सागर से जुड़े ला जे भूमध्य सागर के एगो उत्तरी भुजा निअर हवे। एजियन सागर के गम्हीर आ बेसी खारा पानी नीचे निचे काला सागर में बहे ला आ ऊपरी हिस्सा में कम खारा आ हलुक पानी काला सागर से एजियन सागर में जाला।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Black Sea NGO Network | Our Black Sea". www.bsnn.org.
- ↑ Surface area—"Black Sea Geography". University of Delaware College of Marine Studies. 2003. Retrieved April 3, 2014.
- ↑ Maximum depth—"Europa – Gateway of the European Union website". Environment and Enlargement – The Black Sea: Facts and Figures. Archived from the original on November 14, 2008.
- ↑ Murray, J. W.; Jannasch, H. W.; Honjo, S; Anderson, R. F.; Reeburgh, W. S.; Top, Z.; Friederich, G. E.; Codispoti, L. A.; Izdar, E. (March 30, 1989). "Unexpected changes in the oxic/anoxic interface in the Black Sea". Nature. 338 (6214): 411–413. Bibcode:1989Natur.338..411M. doi:10.1038/338411a0. S2CID 4306135.