ओस्ट्रो

भूमध्यसागरीय क्षेत्र में दखिनही हवा के नाँव

ओस्ट्रो (अंग्रेजी: Ostro) भा औस्त्रो चाहे ऑस्ट्रो (अंग्रेजी: Austro) भूमध्य सागरीय क्षेत्र, आ बिसेस रूप से एड्रियाटिक सागर के इलाका, में दखिनही हवा हवे। ई एह इलाका के लोकल हवा हवे जे दक्खिन ओर से उत्तर दिसा के बहे ले। एकर नाँव लैटिन भाषा के ऑस्टर से आइल हवे जेकर मतलब "दक्खिन दिसा" होखे ला।

The winds of the Mediterranean

ऑस्ट्रो एगो गरम आ नम हवा हवे; नमी के मौजूदगी के कारन बरखा करे ले। हालाँकि, एकरा के कभी-कभार लिबेसिओसिरोको बूझल जा सके ला। लिबेसिओ चाहे लेबेच दक्खिन-पच्छिम से बहे ले आ सिरोको दक्खिन पूरुब से बहे ले।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं