कल्पना पटवारी एगो भारतीय लोकगीत गायिका आ प्लेबैक सिंगर बाड़ी। कल्पना आसाम से बाड़ी आ असमिया के आलावा कई दूसर भाषा सभ में भी गीत गावे ली जेह में भोजपुरी प्रमुख बा। पटवारी, उस्ताद गुलाम मुस्तफ़ा ख़ान के चेला बाड़ी इ आ ब्रह्मपुत्र भूपेन हजारिका बिधा से परभावित भइल बाड़ी। इहाँके लगभग 30 गो अलग-अलग भाषा सभ में गीत गा चुकल बाड़ी।[1] साल 2008 में पटवारी एनडीटीवी इमैजिन के एगो रियलिटी शो जूनून कुछ कर दिखाने का में लउकली। कई गो भोजपुरीबॉलीवुड फिलिम सभ में भी आपन आवाज दे चुकल बाड़ी हालाँकि, इनकर गीत मुख्य रूप से भोजपुरी में सभसे ढेर चलनसार भइल बा।[2] एगो इंटरवियू में पटवारी राजनीति में भी आवे के इच्छा बतवली, उनके मोताबिक एकरा ज़रिया भोजपुरी खाती कुछ काम करे के बा, आ ऊ भिखारी ठाकुर आ भोजपुरी भाषा पर काम करे के इच्छा जतवले बाड़ी।[3]

कल्पना पटवारी
List of Bhojpuri film songs recorded by Kalpana Patowary.JPG
कल्पना पटवारी
सामान्य जानकारी
जनम (1978-10-27) 27 अक्टूबर 1978 (उमिर 44)
बारपेटा, आसाम, भारत
बिधालोकगीत, फ्यूजन
पेशा सभगायिका
सक्रियता2001–वर्तमान

संदर्भसंपादन

Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.

  1. Entertainment, Digital (2017-04-14). "अश्‍लीलता भोजपुरी गानों में नहीं पूरे समाज में फैल रही है : कल्‍पना पटवारी". Prabhatkhabar.com. Retrieved 2017-10-18.
  2. "Assamese singer Kalpana Patowary resurrects Bhojpuri Shakespeare". easternfare.in. Eastern Fare Music Foundation. Retrieved 27 जुलाई 2015.
  3. "kalpna patwari". Jagran.com. 2017-03-28. Retrieved 2017-10-18.