किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी

उत्तर प्रदेश के लखीमपुर खीरी में वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी

किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुरी (अंग्रेजी: Kishanpur Wildlife Sanctuary) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के लखीमपुर खीरी जिला में एगो वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी बाटे।[1] एकर कुल रकबा 227 किमी2 (2.44×109 वर्ग फु) बाटे आ एकर अस्थापना 1972 में भइल। 1988 में ई बनजीव बिहार प्रोजेक्ट टाइगर के तहत बनावल दुधवा टाइगर रिजर्व के हिस्सा बनल;[2] एकरे अलावा दुधवा नेशनल पार्ककतरनियाघाट वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी एह टाइगर रिजर्व में सामिल बाड़ें। भारत-नेपाल बार्डर के इलाका में 14 गो संरक्षित एरिया सभ, जिनहन के तराई आर्क लैंडस्केप कहल जाला, एहू में ई बनजीव बिहार सामिल बाटे।

किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुरी
Map showing the location of किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुरी
Map showing the location of किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुरी
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
लोकेशनउत्तर प्रदेश, भारत
भूगोलीय निर्देशांक28°24′01″N 80°22′01″E / 28.4002°N 80.367°E / 28.4002; 80.367निर्देशांक: 28°24′01″N 80°22′01″E / 28.4002°N 80.367°E / 28.4002; 80.367
रकबा227 किमी2 (2.44×109 वर्ग फु)
स्थापना1972

हिमालय के तराई वाला इलाका हवे जहाँ घन जंगल आ घासभूमि पावल जालीं। बन में सखुआ, सागौनजामुन के फेड़ मिले लें।

जिया जंतु संपादन करीं

एहिजा के प्रमुख आकर्षण बंगाल टाइगर के नाँव से जानल जाए वाली भारतीय बाघ के प्रजाति हवे। बाघ के अलावा एह बनजीव बिहार में तेंदुआ, बारहसिंगा, हॉग डियर, बार्किंग डियर नाँव के हरिना के प्रजाति मिले लीं। चिरई में बंगाल फ्लोरिकन आ छोटका फ्लोरिकन प्रमुख आकर्षण बाड़ें।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Kishanpur Wildlife Sanctuary - UP Ecotourism". www.upecotourism.in. उत्तर प्रदेश सरकार. Retrieved 16 मई 2022.
  2. "Kishanpur Wildlife Sanctuary". datazone.birdlife.org. BirdLife Data Zone. Retrieved 16 मई 2022.

बाहरी कड़ी संपादन करीं