खाटू श्याम मंदिर
खाटू श्याम मंदिर भारत के राजस्थान के सीकर जिला के खाटू गाँव में एगो हिंदू मंदिर बा। ई कृष्ण आ बर्बरीक के पूजा करे खातिर तीर्थ स्थल ह जहाँ बर्बरीक के अक्सर कुलदेवता के रूप में पूजल जाला। भक्त लोग के मान्यता बा कि एह मंदिर में बर्बरीक भा खाटू श्याम के मूँड़ी बाटे, जे एगो पौराणिक योद्धा हवें जे कुरुक्षेत्र युद्ध के युद्ध से पहिले दौरान कृष्ण के निहोरा पर आपन सिर के बलिदान दे दिहले रहलें।
खाटू श्याम मंदिर | |
---|---|
भूगोल | |
भूगोलीय स्थिति | 27°21′52″N 75°24′12″E / 27.3645°N 75.4033°Eनिर्देशांक: 27°21′52″N 75°24′12″E / 27.3645°N 75.4033°E |
देश | भारत |
State | राजस्थान |
जिला | सीकर |
लोकेशन | खाटू गाँव, सीकर जिला, राजस्थान |
आर्किटेक्चर
संपादन करींमंदिर वास्तुकला के हिसाब से समृद्ध बा। संरचना के निर्माण में चूना के मोर्टार, संगमरमर अउरी टाइल्स के इस्तेमाल भइल बा। गरभगृह के दरवाजा सोना के पत्तर से ढंकल बा। बाहर प्रार्थना हॉल बा, जवना के नाम जगमोहन बा। हॉल के आकार बड़हन (12.3 mx 4.7 मीटर) बा आ एकर देवाल सभ पर बिस्तार से रंगाई-पोताई कइल गइल बा जेह में पौराणिक दृश्य सभ के चित्रण कइल गइल बा। प्रवेश द्वार आ निकास गेट संगमरमर के बनल बा; इनहन के कोष्ठक भी संगमरमर के बाटे आ इनहन में सजावटी फूलन के डिजाइन के बिसेसता बा।[प्रमाण देईं]
ई लेख कौनों धार्मिक स्थल या बिल्डिंग संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |