खून देह कर एगो द्रव्य हटे जे कोशिका सभ मे जरूरी तत्व जइसे की ऑक्सीजन पाहुचावेला आ जवन तत्व जरूरी ना होखे होकरा कोशिका लगे से ले जाला।[1]

खून
Venous and arterial blood.jpg
गाढ़ आ पातर खून
डिटेल जानकारी
लैटिनhaema
पहिचानक
Identifiers
टीएA12.0.00.009
एफएमए9670

मनई आ पसु सभ मे इ खून के कोशिका आ प्लाजमा के बनल होला। खून मे 55% पलाजमा होला, जवना मे पानी के मात्र अधिका (92%) होला आ पोसक तत्व होलऽसन। प्लाजमा मे सभ से बेसी मिले आला प्रोटिन के एल्ब्यूमिन कहल जाला। खून के कोशिका तीन मे ललका कोशिका (RBC), उज्जरका कोशिका (WBC) आ पलेटलेट होखेला। मनई के खून मे सभ से बेसी ललका कोशिका होखेला, एहिमे हीमोग्लोबिन नांव के एगो प्रोटीन होला जे खुनमे ओक्सीजन के मात्रा के नियंत्रित करेला।

खून मे ढ़ेर ऑक्सीजन रहेला त एकर रंग चमकत लाल होला बाकिर ऑक्सीजन कमला प ई गाढ़ होई जाला। कोनो कोनो जीव मे हीमोग्लोबिन के बदल हेमिसाइनीन आक्सीजन के कोशिका सभ के पहुचावेला। कीड़ा फितिंगी सभ मे खून ना होला आ हाइमोलिंफ होला।

सनर्भसंपादन

  1. "Definition of BLOOD". Archived from the original on 23 मार्च 2017. Retrieved 4 मार्च 2017.