गंगा छू एगो छोटहन, बहुत बेसी ऊँचाई पर, कभीकभार बहे वाली नदी भा जलधारा बा जे मानसरोवर झील के पानी बहा के राकस ताल में ले जाले।[1][2] हिंदू धर्म में बहुत दिन ले ई मान्यता रहल कि गंगा नदी के मूल सोता मानसरोवर से निकसे ला, हालाँकि गंगा छू नदी के खोज के बाद ई साबित भइल कि मानसरोवर के पानी ई नदी बहा के राकस ताल ले ले जाले[3] जबकि राकस ताल खुद एगो बंद झील हवे आ एकर पानी बहरें ना बहे ला। मानल जाला कि कबो राकस ताल सतलज नदी सिस्टम के हिस्सा रहल आ सतलज एही से निकसे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. M.S. Mani (6 दिसंबर 2012). Ecology and Biogeography in India. Springer Science & Business Media. pp. 36–. ISBN 978-94-010-2331-3.
  2. Veena Sharma (31 दिसंबर 2004). Kailash Manasarovar: A Sacred Journey. Roli Books Private Limited. pp. 99–. ISBN 978-93-5194-021-0.
  3. Maharaj K. Pandit; Peter H. Raven; Kamal Bawa (19 June 2017). Life in the Himalaya: An Ecosystem at Risk. Harvard University Press. pp. 53–. ISBN 978-0-674-97174-5.