गिबिली
गिबिली (अंग्रेजी: Ghibili चाहे gibili )[1] लीबिया में बहे वाली लोकल हवा हवे। इ लीबिया के अंदरूनी हिस्सा से उठे ले आ भूमध्य सागर के ओर बहे ले। ई हवा खमसिन आ सिरोको नियर गरम तुफानी हवा हवे।
गिबिली सालों भर बह सके ले; हालाँकि, ई बसंत आ गरमी के सीजन में बेसी बहे ले।[1] ई लीबिया के अंदरूनी हाईलैंड सभ से उत्तर के ओर उतरे ले आ एक तरीका से फॉन नियर होखे ले।[1]
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 1.2 "ghibli | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 26 अप्रैल 2022.
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |