गोलघर वर्तमान गोरखपुर शहर के एगो इलाका आ आधुनिक बजार बा। गोरखपुर जंक्शन इस्टेशन से दक्खिन पच्छिम ओर आ सिविल लाइंस के पच्छिम ओर ई बजार काली मंदिर से ले के कचहरी रोड ले बिस्तार लिहले बाटे। ई गोरखपुर शहर के सभसे मुख्य बजार हवे जहाँ रोज के जरूरत के लगभग हर समान मिल सके ला।

नाँव संपादन करीं

एह लमहर इलाका आ बजार के नाँव गोलघर पड़े के पाछे कारन बतावल जाला कि पहिले इहाँ एगो चुंगी के भवन रहल जे इलाहाबादी खपड़ा के छावल लाल रंग के गोल बिल्डिंग रहल आ नया बसत बजार के नाँव एकरे नाँव पर गोलघर पड़ गइल; दूसर मत ई बा कि एहिजा एगो क्लब रहल जेकर बिल्डिंग गोल रहल आ ओकरे नाँव पर ई बजार गोलघर कहाए लागल।[1]

संदर्भ संपादन करीं

  1. Dr. Ved Prakash Pandey (4 July 2017). Shaharnama Gorakhpur. Vāṇī Prakāśana. pp. 54–. ISBN 978-93-5229-698-9.