गोलघर
पटना में अनाज भंडार खातिर बनावल भवन जे अब एगो मोन्यूमेंट के रूप में सहेजल गइल बा
गोलघर, बिहार प्रांत के राजधानी पटना में गाँधी मैदान के पश्चिम में स्थित बा। 1770 में आइल भयंकर सूखा के दौरान ब्रिटिश कैप्टन जान गार्स्टिन अनाज़ के (ब्रिटिश फौजवन खातिर) भंडारण खातिर इस गोल ढाँचा के निर्माण करवले रहल। ई में एक साथ 1,40,000 टन अनाज़ रखल जा सकत बा। इ के निर्माण कार्य ब्रिटिश राज में 20 जुलाई 1786 के संपन्न भइल रहल।
ई के आधार 125 मीटर, आ ऊँचाई 29 मीटर बा. ई में कौनो आधार स्तम्भ नईखे आ ई का देवाल आधार में 3.6 मीटर मोट बा। 145 सीढियन के सहारे रउआ इ के उपर वाला भाग पर जा सकत बानी जहाँ से शहर के एगो बड़ हिस्सा देखल जा सकत बा आ गंगा के मनोहारी दृश्यन के भी अहिजा से निहारल जा सकत बा।
बाहरी कड़ी
संपादन करीं- गोलघर, बिहार पर्यटन के वेबसाइट पर।
- गोलघर: अंग्रेज़ों ने दो साल में बनाया, मरम्मत 10 साल में भी नहीं हो पाई, बीबीसी हिंदी पर।
ई बिहार के कौनो जगह से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |