जन्माष्टिमी, जन्माष्टमी चाहे श्रीकृष्ण जन्माष्टमी एगो सालाना मनावल जाये वाला हिंदू तिहुआर ह जे विष्णु के अवतार कृष्ण के जनमदिन के उत्सव हवे।[3] हिंदू कैलेंडर के हिसाब से ई हर साल भादो महीना के अन्हरिया में अष्टिमी तिथी के मनावल जाला। हिंदू कैलेंडर चंद्रमा आधारित कैलेंडर हवे आ ई भादो के अष्टमी तिथी अंग्रेजी कैलेंडर के महीना अगस्त भा सितंबर में पड़े ले।[3]

जन्माष्टिमी
Baby Krishna Sleeping Beauty.jpg
बाल कृष्ण
अन्य नाँवकृष्ण जन्माष्टमी, श्री जयंती
प्रकारधार्मिक, सांस्कृतिक
मनावे के तरीकादही-हांडी, पतंगबाजी, मेला, मिठाई दिहल
Observancesबरत, पूजा, नाच-गाना
समयShraavana Krishna Ashtami, Bhadra Krishna Ashtami

ई तिहुआर पूरा भारत में मनावल जाला। एकरे अलावा जहाँ-जहाँ हिंदू लोग के उपस्थिति बा, पूरा दुनिया के अलग-अलग हिस्सन में मनावल जाला। भारत के अलावा ई पाकिस्तान, बांग्लादेश, सूरीनाम, फिजी, दक्खिन अफिरका, यूनाइटेड किंगडमअमेरिका में हिंदू लोग द्वारा मनावल जाला। भारतो में ई अलग-अलग राज्यन में कुछ अलग तरीका से मनावल जाला। जहाँ ई मथुरा बृंदाबन के मुख्य तिहुआर हवे, पूरबी उत्तर प्रदेश आ बिहार में डोल धराला आ कई दिन के उत्सव मनावल जाला। महाराष्ट्र में दही-हांडी के रूप में मनावल जाला।

संदर्भसंपादन

  1. Holiday Calendar 2018 Government of Tripura, India
  2. Holiday Calendar 2018, High Court of Karnakata
  3. 3.0 3.1 James G. Lochtefeld (2002). The Illustrated Encyclopedia of Hinduism: A-M. The Rosen Publishing Group. pp. 314–315. ISBN 978-0823931798.